Bihar News: चर्चित BJP नेता हत्याकांड मामला में कोर्ट सुनवलस फैसला, RJD के बाहुबली विधायक रितलाल यादव के कइलस बरी

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2024

Bihar News: राजद के बाहुबली विधायक रितलाल यादव के कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। भाजपा नेता हत्याकांड मामला में उनका के बरी कर दिहलऽ गइल बा। बतावल जा रहल बा कि साक्ष्य के अभाव

Share

Bihar News: राजद के बाहुबली विधायक रितलाल यादव के कोर्ट से बड़ राहत मिलल बा। भाजपा नेता हत्याकांड मामला में उनका के बरी कर दिहलऽ गइल बा। बतावल जा रहल बा कि साक्ष्य के अभाव में मामला के आरोपित दानापुर के विधायक रीतलाल यादव सहित चारों आरोपितन के बरी कर दिहल गइल बा। बता दी कि साल 2003 में भाजपा नेता के सरेआम हत्या भइल रहे।

चर्चित भाजपा नेता सत्यनारायण सिन्हा हत्याकांड मामला में एमपी/एमएलए अदालत के विशेष न्यायाधीश सारिका बहालिया के अदालत मामला के आरोपित दानापुर के विधायक रीतलाल यादव सहित चारों आरोपितन के साक्ष्य के अभाव में बरी कऽ दिहल गइल बा। मामला आउर आरोपित रंजन, श्रवण आ सुनील बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.