Bihar News : खान सर के कोचिंग में तोड़फोड़ के आरोपी के होटल में संदिग्ध मौत, रौशन आनंद के भाई के शव नेपाल में मिलल

Bihar Khan Sir Coaching Case Prince Yadav Suspicious Death in Nepal

Share

पटना। ज्ञान बिंदु कोचिंग के संचालक रौशन आनंद के भाई प्रिंस यादव के नेपाल में संदिग्ध परिस्थिति में मौत हो गइल बा। प्रिंस यादव के नाम फैजल खान सर के कोचिंग में भइल तोड़फोड़ के ममिला में दर्ज एफआईआर में सामिल रहे।

प्राथमिकी दर्ज भइला के बाद प्रिंस यादव नेपाल भाग गइल रहे। जानकारी के मोताबिक, नेपाल के एगो होटल में ओकर शव मिलला के बाद हड़कंप मच गइल। घटना के सूचना मिलतही स्थानीय पुलिस मवका पs पहुंचल आ ममिला के जांच सुरू कs देलस।

बतावल जा रहल बा कि प्रिंस यादव के संगे नेपाल गइल आउर लोगन से पुलिस पूछताछ करतिया। पुलिस हर पहलू से ममिला के जांच में जुटल बा।

फिलहाल प्रिंस यादव के मौत कइसे भइल, एकर स्पष्ट जानकारी सामने नइखे आइल। मौत के कारण के पता लगावे खातिर जांच जारी बा। पुलिस अधिकारी लोग कहल कि जांच पूरा भइला के बाद पूरा ममिला साफ हो पाई।

Read Also: Meta One Subscription : WhatsApp पs जल्द आ सकत बा Meta One Plus आ Meta One Premium सब्सक्रिप्शन, जानीं संभावित कीमत आ फीचर्स

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-