[the_ad_group id="30365"]

Bihar Election 2025 : मोहनियां से राजद उम्मीदवार श्वेता सुमन के नामांकन रद्द, कहलीं- हमरा संगे अन्याय भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव में महागठबंधन के एगो आउर उम्मीदवार के नामांकन रद्द हो गइल बा। सुगौली के बाद अब मोहनियां सीट पs महागठबंधन बिना चुनाव लड़लें हार गइल बा।

एह सीट से राष्ट्रीय जनता दल (RJD) के तरफ से तेजस्वी यादव श्वेता सुमन के प्रत्याशी बनवले रहस। श्वेता सुमन नामांकन दाखिल कइलीं, बाकिर अब उनका के बरियार झटका लागल बा- उनकर नामांकन पर्चा रद्द कs दिहल गइल बा।

श्वेता सुमन के कहनाम बा कि उनकर नामांकन रद्द कs दिहल गइल जबकि जन सुराज पार्टी के प्रत्याशी गीता पासी के नामांकन मंजूर कs लिहल गइल।

 “हमरा संगे अन्याय भइल बा”- श्वेता सुमन

राजद प्रत्याशी श्वेता सुमन कहली कि ई सब राजनीतिक साजिश हs। ऊ चुनाव आयोग से न्याय के मांग कइली। उनका मोताबिक, “हमार नामांकन सब नियम के तहत दाखिल भइल रहे, तबो ऊ रद्द कs दिहल गइल। ई प्रक्रिया संदिग्ध लाग रहल बा। हमरा संगे साफ-साफ अन्याय भइल बा।”

श्वेता सुमन कहली कि नामांकन में कहीं से कवनो कमी ना रहे, तबो रद्द कs दिहल गइल। ऊ एह फैसला के लोकतंत्र के खिलाफ बतवली। अब तक निर्वाचन आयोग के ओर से एह ममिला पs कवनो आधिकारिक बयान सामने नइखे आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]