[the_ad_group id="30365"]

Bihar Crime: सीतामढ़ी में जादू-टोना के शक पs अधेड़ व्यक्ति के पीट-पीट के हत्या, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सीतामढ़ी में एगो अधेड़ आदमी के हत्या कs दिहल गइल बा। बतावल जाता कि मरेवाला आदमी पs जादू-टोना करे के शक रहे। फिलहाल पुलिस सूचना के बाद पहुंचल आ मामिला के जांच में जुटल बिया।

सीतामढ़ी जिला के रुन्नीसैदपुर में 55 बरीस के एगो आदमी के पीट-पीट के हत्या कs दिहल गइल। मामिला रुन्नीसैदपुर थाना क्षेत्र के बघाडी गांव के हs। घटना के बाद इलाका में सनसनी मच गइल बा। परिवार के लोग के हालत खराब बा आ रोवत बाड़े। इहाँ घटना के जानकारी मिलते रुन्नीसैदपुर थाना प्रभारी आ एसडीपीओ सदर रामकृष्ण घटना स्थल पs पहुंच के मामिला के जांच कइले। एकरा संगे-संगे लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर सदर अस्पताल सीतामढ़ी भेज दिहल गइल।

मरेवाला के पहचान उक्त थाना क्षेत्र के बघाडी गांव निवासी 55 साल के जानकी मुखिया के रूप में भइल बा। घटना के लेके बहुत बात कहल जा रहल बा। एकरा संगे-संगे कुछ लोग के कहनाम बा कि पुरनका प्रतिद्वंद्विता के चलते हत्या भइल। मरेवाला के चचेरा भाई आ परिवार के बाकी लोग गांव के दु-तीन लोग पs ए घटना के अंजाम देवे के आरोप लगवले बाड़े। मरेवाला के चचेरा भाई बतवले कि उहे गांव के बे शिवम ओकर हत्या कs देले बा।

मरेवाला के चचेरा भाई के मुताबिक आरोपी शिवम कहले रहे कि भगत ओकरा महतारी पs जादू कइले बाड़े। एही खीस में शिवम भगत के खोज में काल्ह रात जानकी मुखिया के घरे पहुंचल रहे। जहां ऊ चुलहाई भगत के गारी देवे लागल। जब ऊ ए गारी-गलौज के विरोध कइले तs शिवम आ ओकर पिता ज्ञानी, जानकी मुखिया के पकड़ के कहीं दोसर जगह ले गइल। जहां रात के अन्हार में ओकर हत्या हो गइल।

सोमवार के दिने ओकर लाश सरेह गांव से बरामद भइल। इहाँ डीएसपी रामकृष्ण कहले कि वर्तमान में गांव के लोग आ प्रत्यक्षदर्शी से बात भइल बा। कुछ लोग के नाम भी सामने आइल बा। बाकी, फिलहाल खोज बिन जारी बा, एकरा बादे कुछ पता चली ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]