महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल राज्यसभा के सीट के लेके जेडीयू कावर से पार्टी के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव केसी त्यागी के मवका दिहल जा सकता बा। महेंद्र सिंह के कार्यकाल अभी दु साल बांचल रहे।
सूत्रन से मिल रहल जानकारी के मोताबिक महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल राज्यसभा के सीट के लेके जेडीयू कावर से पार्टी के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव केसी त्यागी के मवका दिहल जा सकता बा। महेंद्र सिंह के कार्यकाल अभी दु साल बांचल रहे। ऊ भूमिहार रहस, एहिसे जेडीयू आलाकमान एह सीट से भूमिहार समाज के नेता के राज्यसभा भेजल चाहत बा।
केसी त्यागी भूमिहार जाति से आवेले आ पार्टी के बड़ चेहरा हवे। संगही नीतीश कुमार के बहुते करीबी बाड़े। केसी 2013-2016 जून तक पार्टी के राज्यसभा सांसद रह चुकल बाड़े। जेडीयू के तत्कालीन राज्यसभा सांसद उपेंद्र कुशवाहा 2013 में राज्यसभा के सदस्यता आ जेडीयू से इस्तीफा दे देले रहस। उनका इस्तीफा से खाली भइल सीट पs त्यागी के तत्कालीन राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव राज्यसभा भेजले रहस।






