Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar By-election: बिहार में राज्यसभा के एगो सीट पs उपचुनाव के ऐलान, 30 मई के मतदान, महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल रहे सीट

189

महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल राज्यसभा के सीट के लेके जेडीयू कावर से पार्टी के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव केसी त्यागी के मवका दिहल जा सकता बा। महेंद्र सिंह के कार्यकाल अभी दु साल बांचल रहे। 

बिहार में राज्यसभा के एगो सीट पs उपचुनाव 30 मई के मतदान होई। भारत निर्वाचन आयोग बियफे के एकर घोषणा कs देलस। पिछला साल जेडीयू से राज्यसभा सदस्य रहल डॉक्टर महेंद्र सिंह के निधन से ई सीट खाली भइल रहे। 12 मई के एह सीट के उपचुनाव के लेके अधिसूचना जारी कइल जाई। ई सीट 27 दिसंबर 2021 से खाली बा आ एह सीट के कार्यकाल 2 अप्रैल 2024 ले बा।

सूत्रन से मिल रहल जानकारी के मोताबिक महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल राज्यसभा के सीट के लेके जेडीयू कावर से पार्टी के राष्ट्रीय प्रधान महासचिव केसी त्यागी के मवका दिहल जा सकता बा। महेंद्र सिंह के कार्यकाल अभी दु साल बांचल रहे। ऊ भूमिहार रहस, एहिसे जेडीयू आलाकमान एह सीट से भूमिहार समाज के नेता के राज्यसभा भेजल चाहत बा।

केसी त्यागी भूमिहार जाति से आवेले आ पार्टी के बड़ चेहरा हवे। संगही नीतीश कुमार के बहुते करीबी बाड़े। केसी 2013-2016 जून तक पार्टी के राज्यसभा सांसद रह चुकल बाड़े। जेडीयू के तत्कालीन राज्यसभा सांसद उपेंद्र कुशवाहा 2013 में राज्यसभा के सदस्यता आ जेडीयू से इस्तीफा दे देले रहस। उनका इस्तीफा से खाली भइल सीट पs त्यागी के तत्कालीन राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव राज्यसभा भेजले रहस।

248800cookie-checkBihar By-election: बिहार में राज्यसभा के एगो सीट पs उपचुनाव के ऐलान, 30 मई के मतदान, महेंद्र सिंह के निधन से खाली भइल रहे सीट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.