BCCI कइलस बड़ ऐलान, साउथ अफ्रीका के खिलाफ भारत खेली 8 मुकाबला, दौरा के पूरा कार्यक्रम जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2023

भारतीय टीम एह साल के अंत में साउथ अफ्रीका के दौरा करे वाली बिया। आईसीसी वनडे वर्ल्ड कप के बाद होखे वाला एह दौरा के पूरा कार्यक्रम बीसीसीआई सुक के 14 जुलाई के जारी कइलस।

Share

भारतीय टीम एह साल के अंत में साउथ अफ्रीका के दौरा करे वाली बिया। आईसीसी वनडे वर्ल्ड कप के बाद होखे वाला एह दौरा के पूरा कार्यक्रम बीसीसीआई सुक के 14 जुलाई के जारी कइलस।

भारत के इहां तीन टी 20, एतनही वनडे आ दु मैचन के टेस्ट सीरीज खेली। दौरा 10 दिसंबर से सुरू होई आ आखिरी मुकाबला 7 जनवरी तक खेलल जाई। भारतीय क्रिकेट टीम के साल के अंत में साउथ अफ्रीका के खिलाफ टी20 आ वनडे सीरीज में खेले बा। नया साल के सुरुआत टीम इंडिया टेस्ट सीरीज के साथ करी। सुक के बीसीसीआई आ साउथ अफ्रीका क्रिकेट बोर्ड मिलके भारत दौरा के कार्यक्रम जारी कइलस। टीम इंडिया डेढ महीना के दौरा में कुल 8 मुकाबला खेली।

भारत के साउथ अफ्रीका दौरा 

भारत-साउथ अफ्रीका टी-20 सीरीज

  • पहिला टी20 10 दिसंबर
  • दूसरका टी20 12 दिसंबर
  • तीसरका टी20 14 दिसंबर

भारत-साउथ अफ्रीका वनडे सीरीज

  • पहिला वनडे 17 दिसंबर
  • दूसरका वनडे 19 दिसंबर
  • तीसरका वनडे 21 दिसंबर

भारत- साउथ अफ्रीका टेस्ट सीरीज

  • पहिला टेस्ट 26 से 30 दिसंबर
  • दूसरका टेस्ट 3 से 7 जनवरी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.