[the_ad_group id="30365"]

सारण में अवैध पार्किंग पs बड़ कार्रवाई: छपरा में एक शाम में 38 वाहनन पs 74 हजार के जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण : जिले में यातायात नियमन के उल्लंघन करे वालन पs पुलिस बड़ कार्रवाई कइले बिया। पुलिस अधीक्षक के निरदेस पs चलावल गइल विशेष अभियान में मंगर के सांझ के छपरा शहर में 38 वाहनन से 74,000 रुपिया के जुर्माना वसूलल गइल। संगही प्रतिबंधित क्षेत्र में खड़ा सात वाहनन के क्रेन के मदद से जब्त कइल गइल।

यातायात थाना छपरा के ओर से शहर को जाम आ सड़क दुर्घटनन से मुक्ति दिलावे खातिर अभियान चलावल गइल। नगर पालिका चौक, थाना चौक, जोगणिया कोठी आ श्री नंदन पाठ में अवैध पार्किंग के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल। पुलिस के कार्रवाई के दौरान कइयन गो लोग आपन बाइक लेके भागत नजर आइल।

ट्रैफिक थाना प्रभारी रामबालक राय बतवलें कि नगर निगम आ शहरी क्षेत्र में अवैध पार्किंग जाम के मुख्य कारण बा। ऊ कहलें कि आवे वाला दिनन में शहर के अलग-अलग क्षेत्रन में प्रतिबंधित स्थानन पs खड़ा दोपहिया आ चारपहिया वाहनन पs कार्रवाई जारी रही। सारण पुलिस नागरिकन से यातायात नियमन के पालन करे आ पुलिस प्रशासन के सहजाेग करे के अपील कइले बाड़ें।

Read Also: ट्रेन के आगे कूदे वाला परिवार के भइल पोस्टमार्टम : गोरखपुर में बेटा के हो गइल रहे दु हिस्सा, मां-बेटी के टूट गइल रहे माथा-सीना के हड्डी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]