भोजपुरी जनजागरण अभियान : 23वां धरना-प्रदर्शन 8 दिसंबर के, उठी मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 30, 2024

नई दिल्ली। भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दर्जा दिलावे खातिर आवे वाला 8 दिसंबर के दिल्ली के जंतर-मंतर पs एक दिन के धरना-प्रदर्शन के आयोजन कइल जाई। भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति खातिर समर्पित भोजपुरी जन

Share

नई दिल्ली। भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दर्जा दिलावे खातिर आवे वाला 8 दिसंबर के दिल्ली के जंतर-मंतर पs एक दिन के धरना-प्रदर्शन के आयोजन कइल जाई। भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति खातिर समर्पित भोजपुरी जन जागरण अभियान के ई 23 वां धरना प्रदर्शन होई।

संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्ष डा. संतोष पटेल बतवलें कि,’ संसद के शीतकालीन सत्र नंबर के अंतिम हफ्ता से आहूत बा। एह दौरान केंद्र सरकार के हमनी के दोबारा अपना मांग से अवगत करावे खातिर धरना कs के शांतिपूर्ण माध्यम से आपन बात रखेम सs। जब तक भोजपुरी आठवीं अनुसूची में सम्मिलित नइखे हो जात, तब तक हमनी के अपना एक-सूत्री मांग खातिर अडिग बा।

आवे वाला धरना-प्रदर्शन के सफल बनावे के ऊ आह्वान कइलें आ जादे से जादे संख्या में आपन उपस्थिति दर्ज करावे के प्रार्थना कइलें ताकि भोजपुरी भाषा आठवीं अनुसूची में सामिल हो सके। एमे समन्यवक डा. मनोज कुमार, राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया, कोषाध्यक्ष देवेन्द्र कुमार, राष्ट्रीय प्रवक्ता सह महासचिव डा.पुष्कर कुमार, महासचिव मुखदेव बैठा, उपाध्यक्ष सी के भट्ट, राष्ट्रीय प्रवक्ता डॉ. राणा अवधूत पंकज प्रवीण, संरक्षक डा. ज्वाला प्रसाद, डा.गोरख प्रसाद मस्ताना, कृष्ण कुमार, हरीश चौहान, केशव भारद्वाज, नित्यानंद तिवारी, जयप्रकाश फकीर, डा. मनोज कुमार महिला मोर्चा के विजय लक्ष्मी उपाध्याय, महासचिव रेखा भारद्वाज, सचिव शालिनी कपूर, अंजलि शिवाय उपाध्यक्ष
अमरेन्द्र आर्या, दिल्ली विश्वविद्यालय के अध्यक्ष शोधार्थी ओमप्रकाश, राष्ट्रीय कानूनी सलाहकार एडवोकेट आर्यन कुमार, एडवोकेट अमरजीत कुमार, सचिव विश्वजीत कुमार असम प्रदेश से धमेंद्र चौहान आ वाराणसी से अनिकेत रंजन
आदि आपन आवाज उठावत सभे से एकजुट होके धरना-प्रदर्शन के सफल बनावे के आह्वान कइल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.