[the_ad_group id="30365"]

Bhojpuri : साहित्यकार अंकुश्री के “भोजपुरी भाष्कर सम्मान” आ कवयित्री डॉ. मधुलिका बेन पटेल के “भोजपुरी सौरभ सम्मान” से नवाजल गइल

Dr. Madhulika Ben Patel honored with Saurabh Samman
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजियाबाद। विश्व भोजपुरी सम्मेलन, गाजियाबाद इकाई के ओर से विचार संगोष्ठी आ सम्मान समारोह के आयोजन एगो निजी फार्म हाउस में अतवार के आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम के दौरान संस्था के ओर से साहित्यकार अंकुश्री के “भोजपुरी भाष्कर सम्मान” आ काव्य लेखन खातिर डॉ. मधुलिका बेन पटेल के “भोजपुरी सौरभ सम्मान” प्रदान कइल गइल।

एह आयोजन में बतौर मुख्य अतिथि तीन दशक से भोजपुरी गद्य लेखन में स्थापित नाम अंकुश्री आ विशिष्ट अथिति डॉ.मधुलिका बेन पटेल मंचासीन रहल लो।

Ankushri receives Bhojpuri Bhaskar Samman
भोजपुरी साहित्यकार अंकुश्री के “भोजपुरी भाष्कर सम्मान” से सम्मानित कइल गइल



अंकुश्री के साहित्यिक यात्रा पर विचार रखत भोजपुरी जन जागरण के अध्यक्ष आ कवि डॉ. संतोष पटेल बतवलें कि” अंकुश्री भोजपुरी गद्य में आपन जोगदान से भोजपुरी साहित्य में मानकीकरण के एगो बुनियाद रखले बानीं।” विशिष्ट अथिति मधुलिका बेन पटेल, भोजपुरी पs आपन विचार रखत कहली कि “भोजपुरी में शोध के अभी बहुत गुंजाइश बा।”

विश्व भोजपुरी सम्मेलन, गाजियाबाद इकाई द्वारा विचार संगोष्ठी आ सम्मान समारोह के आयोजन
कवि गोष्ठी में डॉ. संतोष पटेल

अंकुश्री अपना वक्तव्य में कहलें कि “एतना कम समय में एह कार्यक्रम सफलता पूर्वक करा देहल बहुते स्वागत जोग बा।” कवि गोष्ठी में डॉ. संतोष पटेल, अनूप पाण्डेय, जेपी द्विवेदी, नित्यानंद मिश्रा आ मेनका सिंह आदि सामिल रहे। कार्यक्रम के अध्यक्षता कवि मोहन द्विवेदी कइनी आ आखिरी में उहां के मुक्तक आ गीत सुनवनी। एह कार्यक्रम के संचालन जे पी द्विवेदी आ धन्यवाद ज्ञापन मनोज तिवारी के ओर से भइल।

Read Also: SDM Transfer : यूपी में देर रात 127 SDM के तबादला, मलखान सिंह गोरखपुर आ प्रीति जैन सुल्तानपुर के नया एसडीएम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]