Bhagalpur News: भागलपुर में 3 गो क्रिमिनल गिरफ्तार, स्पेशल कट्टा आ कारतूस के साथे पुलिस धर दबोचलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2024

Bhagalpur News जगदीशपुर थाना अंतर्गत कमालचक मुस्तफापुर जाए वाला रास्ते पs लोहा पुल पs कट्टा आ तीन कारतूस के साथे तीन गो बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे की तीन

Share

Bhagalpur News जगदीशपुर थाना अंतर्गत कमालचक मुस्तफापुर जाए वाला रास्ते पs लोहा पुल पs कट्टा आ तीन कारतूस के साथे तीन गो बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे की तीन बदमाश लोहा पुल के लगे कवनो घटना के अंजाम देवे के फिराक में हथियार के साथे जुटल बाड़े सन। अब तीनों बदमाशन से पुलिस पूछताछ में जुट गइल बिया।

जगदीशपुर थाना अंतर्गत कमालचक मुस्तफापुर जाए वाला रास्ते पs लोहा पुल पs कट्टा आ तीन कारतूस के साथे तीन गो बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे की तीन बदमाश लोहा पुल के लगे कवनो घटना के अंजाम देवे के फिराक में हथियार के साथे जुटल बाड़े सन। अब तीनों बदमाशन से पुलिस पूछताछ में जुट गइल बिया।

पुलिस तेजी से कार्रवाई करत थानाध्यक्ष इंस्पेक्टर गणेश कुमार, अवर निरीक्षक रामचंद्र यादव, अमरजीत कुमार, प्रक्ष्यिमान अवर निरीक्षक सुधीर कुमार सिंह सहित सशस्त्र बल के साथे बुध के देर रात में छापेमारी कइले। पुलिस वाहन के देखते आरोपीत युवक भागे लगले सन।

तब पुलिस खदेड़कर तीनो अपराधीयन के गिरफ्तार कऽ लेलस। गिरफ्तारी के बाद पूछताछ कइला पs आरोपित आपन नाम मु. हसनेन ,मु अफताब दुनु पुरैनी आ तीसरका मु इरफान मुस्तफापुर के रहे वाला बतवले। साथही तीनों अपराधी के तलाशी लेला पs एगो कट्टा आ तीन कारतूस पुलिस बरामद कइलस। मामला के बाबत थानाध्यक्ष इंस्पेक्टर गणेश कुमार बतवले कि सुसंगत धारा के तहत केस दर्ज कऽ के आरोपितन के जेल भेज दिहल गइल बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.