खाली पेट, वर्कआउट के बाद आ डिनर से पहिले, जानीं कवने समय नारियल पानी पियले से शरीर पs का असर होला ?

By Anurag Ranjan

Published on: May 8, 2024

  गरमी के मौसम में डिहाईड्रेशन से बचे के होखे तs शरीर में पानी के कमी नाहीं होखे दी। ढेर से ढेर लिक्विड डाइट लेंईं आ खुद के हाइड्रेटेड रखले के कोशिश करीं। खुद के

Share

 

गरमी के मौसम में डिहाईड्रेशन से बचे के होखे तs शरीर में पानी के कमी नाहीं होखे दी। ढेर से ढेर लिक्विड डाइट लेंईं आ खुद के हाइड्रेटेड रखले के कोशिश करीं। खुद के हाइड्रेट रखे के सबसे नीक तरीका बा के आप रोजाना एगो नारियल पानी जरूर पीं। नारियल पानी पीए से सेहत के कईगो फायदा मिलेला। एसे हीट स्ट्रोक के खतरा कम होला। शरीर में भरपूर एनर्जी बनल रहे आ मिनरल्स के बैलेंस ठीक रहेला। नारियल पानी लो कैलोरी ड्रिंक हs जेसे शरीर के नेचुरल एंजाइम्स आ पोटैशियम मिलेला। हालांकि सही समय पs नारियल पानी पियले से फायदा दोगुना हो जाला। आई जानीं जा दिनभर में कवन समय पs आपके नारियल पानी पीएक चाहि?

नारियल पानी पिए के सही समय का हs?

नारियल पानी आप कवनो वक्त पीं सकेनी। कुछ लोग सुबह उठते नारियल पानी पिएला तs कुछ लोग एक्सरसाइज के बाद नारियल पानी पियेला । सही समय पs नारियल पानी पीएले से एकर फायदा डबल हो जाला।

खाली पेट नारियल पानी पीए के फायदा

खाली पेट नारियल पानी पीए से सबसे ढेर फायदा मिलेला। नारियल पानी में लॉरिक एसिड होला जवन इम्यूनिटी के बूस्ट करेला आ मेटाबॉजिल्म के तेज बनावेला। नारियल पानी पीयले से तेजी से वजन कम होला । प्रेगनेंसी में सुबह नारियल पानी पीयले से फायदा मिलेला । एसे कब्ज आ डिहाईड्रेशन के समस्या दूर होला। गर्मी में सुबह नारियल पानी पीएले से हार्ट बर्न आ एसिडिटी के समस्या दूर होला।

एक्सरसाइज से पहिले आ बाद में नारियल पानी पीए के फायदा

नारियल पानी के नेचुरल एनर्जी ड्रिंक मानल जाला। जब आप वर्कआउट करे जानीं तs नारियल पानी पीयले से शरीर में एनर्जी बनल रहे। एसे बॉडी हाइड्रेट रहेला। वर्कआउट के बाद नारियल पानी पीयले से खोखल इलेक्ट्रोलाइट्स शरीर में रिस्टोर होखे लागल रहे। एसे थकान दूर होला। नारियल पानी शरीर के तुरंत एनर्जी देले के काम करेला ।

खाना ख‌इले से पहिले नारियल पानी पीयले के फायदा

कुछ लोग लंच से पहिले नारियल पानी पीं । ई आपके ओवरईटिंग से बचावेला। नारियल पानी पीयले से डाइजेशन बेहतर होई।एसे खाना के बाद ब्लोटिंग क समस्या कम होला ह। ब्लड प्रेशर कंट्रोल रहेला आ डाइजेशन बेहतर होला ।

राती में सुतले से पहिले नारियल पानी पीयले के फायदा

सुतले से पहिले नारियल पानी पीएले से दिमाग शांत होला । एसे एंग्जाइटी कम होला आ हार्ट बीट के नॉर्मल क‌इले में मदद करेला। सुतले से पहिले नारियल पानी पीयले से स्ट्रेस लेवल कम होला। एसे नींद अच्छा आवेला। शरीर में जमा सजौ हानिकारक पदार्थ टॉयलेट के जरिए बाहर निकल देवेला ।एसे यूटीआई आ किडनी के समस्या से बचावल जा सकेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.