कुर्ला में दर्दनाक हादसा, BEST बस सड़क पs जात करीब 20 लोग के कुचल दिहलस

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 10, 2024

मुंबई के कुर्ला इलाका में एह घरी एगो दुखद हादसा हो गइल बा. इहाँ BEST बस के नीचे 20 लोग के कुचलइले के जानकारी सोझा आवता। ई हादसा कुर्ला वेस्ट रेलवे स्टेशन रोड के अम्बेडकर

Share

कुर्ला में दर्दनाक हादसा

मुंबई के कुर्ला इलाका में एह घरी एगो दुखद हादसा हो गइल बा. इहाँ BEST बस के नीचे 20 लोग के कुचलइले के जानकारी सोझा आवता। ई हादसा कुर्ला वेस्ट रेलवे स्टेशन रोड के अम्बेडकर नगर में भइल बा. दुर्घटना में BEST बस सड़क पs चलत 20 लोग के कुचल दिहलस, जवना में से 3 लोग के मौत हो गईल। घाही लोग के सायन आ कुर्ला भाभा अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहां ओह लोग के इलाज चल रहल बा। मानल जाता कि ब्रेक खराब होखला के चलते इ दुर्घटना भईल। दुर्घटना बुद्ध कालोनी के नजदीक अम्बेडकर नगर में तब भईल जब BEST बस रूट नंबर 332 कुर्ला स्टेशन से अंधेरी जात रहे।

ब्रेक खराब होखला के चलते दुर्घटना भईल

दरअसल, मुंबई के सार्वजनिक परिवहन सेवा BEST के एगो बस सोमार के रात पैदल चलेवाला अवुरी कुछ गाड़ी के टक्कर मार देलस। एह हादसा में तीन लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 17 लोग घायल हो चुकल बाड़े। बीएमसी के एगो अधिकारी बतवले कि आशंका बा कि कुर्ला में दुर्घटना बस के ब्रेक में खराबी के चलते हो सकता। उs बतवले कि BEST बस के चालक के रूट नंबर 332 पs जात अचानक बस पs नियंत्रण खतम हो गईल। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.