मासूम तुड़लस बगईचा से फूल, मालकिन कटलस लईका के माई के नाक

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2024

  कर्नाटक के बेलगावी जिला में बगीचा के मालकिन एगो आंगनवाड़ी कार्यकर्ता के केवल एs खातीर नाक काट देहली काहेकी उनकरी लईका बिना अनुमति के उनकरी बगीचा से फूल तोड़ देलस। पुलिस के मुताबिक, ई

Share

 

कर्नाटक के बेलगावी जिला में बगीचा के मालकिन एगो आंगनवाड़ी कार्यकर्ता के केवल एs खातीर नाक काट देहली काहेकी उनकरी लईका बिना अनुमति के उनकरी बगीचा से फूल तोड़ देलस। पुलिस के मुताबिक, ई घटना मंगल के बेलगावी जिला के बासुरते गांव में भ‌इल। आरोपी

कल्याणी मोरे कार्यकर्ता 50 वर्षीय सुगंधा मोरे के साथे पहिले एs बात के लेके झगड़ा क‌इली आ ओकरा बाद उनकर नाक काट देहली। खून से लथपथ सुगंधा के अस्पताल में भर्ती करावल ग‌इल जहवां उनकर हालत गंभीर बतावल जात बा। पुलिस फरार आरोपी के तलास सुरू क‌ई देले बा।

फूल तुड़ले पs मालकिन के आइल गुस्सा

1 जनवरी के भ‌इल इs घटना अब सामने आइsल हs। पुलिस के अनुसार, आरोपी कल्याणी मोरे के उs समय गुस्सा आइल, जब राज्य सरकार द्वारा संचालित आंगनवाड़ी बाल देखभाल केंद्र के लईका लोग उनकरा बगीचा मे बिना अनुमति के फूल तोड़ ले‌sहन। कल्याणी मोरे सुगंधा मोरे के साथे गाली-गलौज क‌इली आ ओकरे बाद दरांती से हमला क‌इsली। हमला में पीड़िता के नाक कट ग‌इल, जेकरा चलते अधिक खून निकले लागल।

जिंदगी खातीर संघर्ष करत बाड़ी पीड़िता

पुलिस कहलस के पीड़िता अस्पताल में आपन जिंदगी खातीर संघर्ष करत बाटी। काकाथी पुलिस मामिला दर्ज क‌इले बिया, बाकिर अबे ले आरोपी के गिरफ्तारी नईखे भ‌इल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.