Patna Airport News: पटना एयरपोर्ट पs टलल बड़ हादसा, दिल्ली से आ रहल विमान के रनवे ओवरशूट; जानीं पूरा ममिला

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2025

पटना। पटना एयरपोर्ट (Patna Airport) पs बड़ विमान हादसा टल गइल। दिल्ली से आ रहल विमान के रनवे ओवरशूट के सामना करे के पड़ल। हालांकि, पायलट सूझबूझ से विमान के अनियंत्रित होखे से बचा लेलस।

Share

Indigo flight overshoots runway at Patna Airport, no casualties reported

पटना। पटना एयरपोर्ट (Patna Airport) पs बड़ विमान हादसा टल गइल। दिल्ली से आ रहल विमान के रनवे ओवरशूट के सामना करे के पड़ल। हालांकि, पायलट सूझबूझ से विमान के अनियंत्रित होखे से बचा लेलस। उ फौरन गो-अराउंड प्रक्रिया अपनवलस आ विमान के फेर से सफलतापूर्वक लैंड करवा लेलस। ई ममिला पटना एयरपोर्ट के छोटे रनवे के लेके फेर से सवाल खड़ा कs देले बा।

बतावल जा रहल बा कि मंगर के रात नव बजे दिल्ली से आ रहल इंडिगो एयरलाइंस के फ्लाइट 6E 2482 लैंडिंग के दौरान रनवे के निर्धारित टचडाउन जोन के पार कs दिहल। विमान मुख्य लैंडिंग गियर रनवे के छुअलस। विमान तय स्थान से आगे निकल गइल। एकरा बाद पायलट आकलन कइलस तs पता चलल कि एतना कम रनवे में लैंडिंग संभव नइखे। एकरा बाद पायलट फेर से विमान के आसमान में उठा लेलस। कुछ देर चक्कर कटला के बाद फेर से लैंडिंग करवा लेलस। अबकी बेर लैंडिंग में कवनो परेसानी ना भइल।

जानीं का होला रनवे ओवरशूट

जानकारन के अनुसार, विमान रनवे के अंत से पहिले रुके में सफल ना हो पावेला आ रनवे के अंत से जादे आगे निकल जाला। माने विमान रनवे के निर्धारित सीमा से बाहर चल जाला। अइसन तब होला जब कवनो विमान रनवे पs उतरला के बाद, ओकरा के रोके खातिर जरूरी ब्रेक लगावे भा थ्रस्ट रिवर्सल के उपयोग करे में सफल ना हो पावेला।

Patna Airport : सात दिन पहिले चिरई से टकराइल रहे विमान

पटना एयरपोर्ट (Patna Airport) से दिल्ली खातिर उड़ान भरतही फ्लाइट से चिरई टकरा गइल। विमान के एगो इंजन में वाइब्रेशन होखे लागल। तत्काल रिपोर्ट भइल आ 175 यात्रियन के ले जा रहल विमान के वापस पटना में सुरक्षित लैंड करा लिहल गइल। बतावल गइल रहे कि इंडियो के फ्लाइट सबेरे के साढ़े नव बजे दिल्ली खातिर उड़ल रहे। कुछे मिनट बाद एगो चिरई विमान से टकरा गइल। एकरा से विमान में खराबी आ गइल। पायलट सूझबूझ से काम लेलस आ तुरंत एटीसी के सूचना देलस। एकरा बाद पायलट इमरजेंसी लैंडिंग के अनुमति मंगलस। सबेरे दस बजे विमान के सुरक्षित पटना एयरपोर्ट पs लैंड करवा लिहल गइल।

Read Also: संसद के मानसून सत्र 21 जुलाई से : आठ विधेयकन के पेश करे के तइयारी में केंद्र सरकार, जोरदार हंगामा के आसार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.