Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

WPL 2023: विमेंस प्रीमियर लीग के शेड्यूल के एलान, पहिला मैच में गुजरात-मुंबई आमने-सामने, टोटल चार डबल हेडर होई 

23 दिनन के अंदर लीग राउंड में 20 मैच खेलल जाई। एकरा अलावे एगो एलिमिनेटर आ एगो फाइनल मैच खेलल जाई। पहिला मैच चार मार्च के डीवाई पाटिल स्टेडियम में गुजरात जाएंट्स आ मुंबई इंडियंस के बीच खेलल जाई।

1,608

बीसीसीआई विमेंस प्रीमियर लीग के पहिला संस्करण खातिर शेड्यूल के एलान कs देले बा। ई टूर्नामेंट चार मार्च से सुरू होई आ 26 मार्च तक खेलल जाई। कुल पांच टीम 22 मैच खेली। सब मैच मुंबई के दु स्टेडियम- डीवाई पाटिल आ ब्रेबोर्न में खेलल जाई। दुनों स्टेडियम में 11-11 मैच खेलल जाई।

23 दिनन के अंदर लीग राउंड में 20 मैच खेलल जाई। एकरा अलावे एगो एलिमिनेटर आ एगो फाइनल मैच खेलल जाई। पहिला मैच चार मार्च के डीवाई पाटिल स्टेडियम में गुजरात जाएंट्स आ मुंबई इंडियंस के बीच खेलल जाई। ओहिज, लीग राउंड के दौरान चार डबल हेडर मुकाबला खेलल जाई। माने एक दिन में दु मैच खेलल जाई।

पहिला मैच के सुरुआत दुपहर के साढ़े तीन बजे होई, जबकि दूसरका मैच के सुरुआत सांझ साढ़े सात बजे होई। लीग स्टेज के आखिरी मैच 21 मार्च के यूपी वॉरियर्स आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच खेलल जाई। ओहिजा, एकमात्र एलिमिनेटर डीवाई पाटिल स्टेडियम में 24 मार्च आ फाइनल 26 मार्च के ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाई।

एह WPL के पांच टीम एह तरे बा-

  • रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (RCB)
  • गुजरात जाएंट्स (GG)
  • मुंबई इंडियंस (MI)
  • दिल्ली कैपिटल्स (DC)
  • यूपी वॉरियर्स (UPW)

एकरा पहिले 13 फरवरी के विमेंस प्रीमियर लीग के ऑक्शन भइल रहे। स्मृति मंधाना सबसे महंगा खिलाड़ी रहल रहली। उनका के रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर 3.40 करोड़ रुपिया में किनले रहे। ओहिजा, इंग्लैंड के नताली स्कीवर (MI) आ ऑस्ट्रेलिया के एश्ले गार्डनर (GGT) पs 3.20 करोड़ रुपिया के बोली लागल। ई दुनो सबसे महंगा बिदेसी खिलाड़ी रहल लो। भारत के दीप्ति शर्मा (UPW) पs 2.60 करोड़ रुपिया के बोली लागल। ओहिजा, जेमिमा रॉड्रिग्स (DC) 2.20 करोड़ आ शेफाली वर्मा (DC) दु करोड़ रुपिया में बिकल लो। ऑस्ट्रेलिया के बेथ मूनी के गुजरात जाएंट्स (GGT) दु करोड़ रुपिया में किनलस।

ऑक्शन में उतरल कुल 448 खिलाड़ियन में से खाली 87 खिलाड़ियन पs बोली लागल। ओहिजा, एह लोगन खातिर पांचो फ्रेंचाइजी, मुंबई इंडियंस, दिल्ली कैपिटल्स, यूपी वॉरियर्स, गुजरात जाएंट्स आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर मिलके 59.50 करोड़ रुपिया खर्च कइल। गुजरात, दिल्ली आ बैंगलोर सबसे जादे 18-18 खिलाड़ी किनलस। ओहिजा, मुंबई 17 आ यूपी 16 खिलाड़ियन के किनलस।

पूरा शेड्यूल इहां देखीं 

तारीख मैच समय स्टेडियम
4 मार्च GT vs MI 7:30 PM डीवाई पाटिल
5 मार्च RCB vs DC 3:30 PM ब्रेबोर्न
5 मार्च UPW vs GG 7:30 PM डीवाई पाटिल
6 मार्च MI vs RCB 7:30 PM ब्रेबोर्न
7 मार्च DC vs UPW 7:30 PM डीवाई पाटिल
8 मार्च GG vs RCB 7:30 PM ब्रेबोर्न
9 मार्च DC vs MI 7:30 PM डीवाई पाटिल
10 मार्च RCB vs UPW 7:30 PM ब्रेबोर्न
11 मार्च GG vs DC 7:30 PM डीवाई पाटिल
12 मार्च UPW vs MI 7:30 PM ब्रेबोर्न
13 मार्च DC vs RCB 7:30 PM डीवाई पाटिल
14 मार्च MI vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
15 मार्च UPW vs RCB 7:30 PM डीवाई पाटिल
16 मार्च DC vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
18 मार्च MI vs UPW 3:30 PM डीवाई पाटिल
18 मार्च RCB vs GG 7:30 PM ब्रेबोर्न
20 मार्च GG vs UPW 3:30 PM ब्रेबोर्न
20 मार्च MI vs DC 7:30 PM डीवाई पाटिल
21 मार्च RCB vs MI 3:30 PM डीवाई पाटिल
21 मार्च UPW vs DC 7:30 PM ब्रेबोर्न
24 मार्च एलिमिनेटर 7:30 PM डीवाई पाटिल
26 मार्च फाइनल 7:30 PM ब्रेबोर्न
461400cookie-checkWPL 2023: विमेंस प्रीमियर लीग के शेड्यूल के एलान, पहिला मैच में गुजरात-मुंबई आमने-सामने, टोटल चार डबल हेडर होई 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.