BCCI मार्च तक के होम कैलेंडर जारी कइलस: वर्ल्ड कप से पहिले ऑस्ट्रेलिया से 3 वनडे खेली टीम इंडिया

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2023

BCCI मार्च तक के होम कैलेंडर जारी कs देले बा। एकरा मोताबिक टीम इंडिया सितंबर से मार्च के बीच 16 इंटरनेशनल मुकाबला खेली। एमे 5 टेस्ट, 3 वनडे आ 8 टी-20 मैच खेलल जाई। भारत

Share

BCCI मार्च तक के होम कैलेंडर जारी कs देले बा। एकरा मोताबिक टीम इंडिया सितंबर से मार्च के बीच 16 इंटरनेशनल मुकाबला खेली। एमे 5 टेस्ट, 3 वनडे आ 8 टी-20 मैच खेलल जाई।

भारत के होम कैलेंडर के सुरुआत सितंबर में ऑस्ट्रेलिया के भारत दौरा से होई। ई सीरीज 22 सिंतबर से सुरू होई। टीम इंडिया वर्ल्ड कप से पहिले अपना घर में ऑस्ट्रेलिया से 3 वनडे मैच खेली।

वर्ल्ड कप के बाद 23 नवंबर से 5 टी-20 मैचन के सीरीज सुरू होगी। एह सीरीज के बाद अफगानिस्तान आ इंग्लैंड के टीम जनवरी-फरवरी में भारतीय दौरा पs आई।

अमिताभ विजयवर्गीय, जयेंद्र सहगल आ हरि नारायण पुजारी के सदस्यता वाली टेक्निकल कमेटी एह मुकाबलन खातिर अलग-अलग वेन्यू तय कs लेले बा।

22 सितंबर से होई होम सीरीज के सुरुआत

टीम इंडिया के होम सीजन के सुरुआत 22 सितंबर के होई। टीम एह दिन मोहाली में ऑस्ट्रेलिया से पहिला वनडे मुकाबला खेली। दूसरका आ तीसरका वनडे क्रमश: 24 आ 27 सितंबर के इंदौर आ राजकोट में खेलल जाई।

वर्ल्ड कप के बाद कंगारुअन से 5 टी-20 के सीरीज होई 

वनडे वर्ल्ड कप के बाद भारत ऑस्ट्रेलिया के संगे टी-20 सीरीज खेली, जवन 23 नवंबर से सुरू होके 3 दिसंबर तक चली। एह सीरीज के मुकाबला वाइजैक, त्रिवेंद्रम, गुवाहाटी, नागपुर आ हैदराबाद में खेलल जाई।

नया साल में अफगानिस्तान आ फेर इंग्लैंड से टेस्ट सीरीज

टीम इंडिया के नया साल के सुरुआत 11 जनवरी के अफगानिस्तान के खिलाफ 3 टी-20 मैचन के सीरीज के पहिला मुकाबले के संगे। ई मुकाबला मोहाली में खेलल जाई। टी-20 सीरीज के बाद भारतीय टीम इंग्लैंड के संगे 5 टेस्ट मैचन के सीरीज खेली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.