सीएम योगी के काफिला में बड़ चूक, डिवाइडर से होत बीच में आ घुसल फॉर्च्यूनर कार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2024

    उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सुरक्षा में मंगल के दिने एगो बड़हन चूक देखल गइल. सीएम योगी आदित्यनाथ के काफिला यूपी के बाराबंकी जिला के नगर कोतवाली के ठीक सामने से

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ: फोटो

 

 

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सुरक्षा में मंगल के दिने एगो बड़हन चूक देखल गइल. सीएम योगी आदित्यनाथ के काफिला यूपी के बाराबंकी जिला के नगर कोतवाली के ठीक सामने से गुजरत रहे। ठीक ओही घरी डिवाइडर से एगो फॉर्च्यूनर गाड़ी घुसल। फॉर्च्यूनर कार के पीछे के नंबर प्लेट टूट गईल।

पुलिसकर्मी के हाथ-गोड़ फुल गईल

सीएम योगी के काफिला में एगो अनजान गाड़ी देख के पुलिसकर्मी चौंक गईले। सुरक्षा खातीर तैनात पुलिसकर्मी जल्दी-जल्दी गाड़ी के रोक देले। पुलिस फॉर्च्यूनर गाड़ी के जांच शुरू कs देलस। गाड़ी के नंबर प्लेट टूटला पs ट्रैफिक पुलिस चलान भी कs देलस।

गाड़ी के भीतर बईठल लोग से पूछताछ 

गाड़ी के भीतर बईठल सभ लोग से पुलिसकर्मी पूछताछ कईले। जनसभा स्थल पs भाजपा नेता के गिरावे के बाद गाड़ी पार्किंग खातीर जात रहे के खुलासा भईल। तब सीएम के काफिला पहुंचल अवुरी इs गाड़ी ओकरा में टकरा गईल।

सीएम योगी एह कार्यक्रम में शामिल होखे आइल रहले

बता दीं कि पंडित दीनदयाल उपाध्याय के जयंती के पूर्व संध्या पs मंगल के सीएम योगी बाराबंकी पहुंचल रहले। सीएम योगी बाराबंकी के विजय पार्क में दीनदयाल उपाध्याय के प्रतिमा के अनावरण कईले रहले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.