Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bank Locker Rules: RBI के ऐलान, साल के पहिलका दिन से बदल गइल बैंक से जुड़ल बड़ नियम, सब ग्राहकन पs पड़ी असर

Bank Locker Rules Change From 1st January 2023: एह नियम के मोताबिक, जदि लॉकर में रखल सामान के कवनो तरह के नुकसान पहुंचत बा तs बैंक के एकर भरपाई करे के होई, ग्राहकन के 31 दिसंबर ले एकरा खातिर एगो एग्रीमेंट साइन करे के रहे, जेमे लॉकर के बारे में सब जानकारी देवे के रहे।

458

Bank Locker Rules Change: बैंक लॉकर के लेके नया साल के पहिले दिन से नया नियम लागू हो रहल बा। जदि रउओ बैंक के लॉकर (Bank Locker) में सामान रखेनी भा रखे के प्लानिंग कर रहल बानी तs ई रउआ खातिर जरूरी खबर बा। आरबीआई के नियम के मोताबिक, 1 जनवरी 2023 से रिजर्व बैंक लॉकर से जुड़ल नियमन में बदलाव हो गइल बा, जवना के सीधा असर ग्राहकन पs पड़ी। बैंक ग्राहकन के एह नियम से बड़ फायदा होई।

1 जनवरी से बदल गइल लॉकर के नियम

एह नियम के मोताबिक, जदि लॉकर में रखल सामान के कवनो तरह के नुकसान पहुंचत बा तs बैंक के एकर भरपाई करे के होई, ग्राहकन के 31 दिसंबर ले एह खातिर एगो एग्रीमेंट साइन करे के रहे, जेमे लॉकर के बारे में सब जानकारी देवे के रहे। एकरा से बैंक ग्राहक अपना जरूरी सामानन के लेके हमेशा अपडेट रही लो।

लॉकर एग्रीमेंट होई जरूरी

नया साल माने 1 जनवरी 2023 से पहिले लॉकर रखे वालन ld एग्रीमेंट बनवावे के रहे, आ एकरा खातिर ओकर पात्र होखलो जरूरी बा। लॉकर एग्रीमेंट करवावे खातिर ग्राहकन के बैंकन एक तरफ से मैसेजो भेजल गइल। पंजाब नेशनल बैंक (PNB)  अपना ग्राहकन के भेजल अलर्ट में लिखलस, ‘RBI गाइडलाइंस के मोताबिक न्यू लॉकर एग्रीमेंट 31 दिसंबर 2022 से पहिले एक्जीक्यूट कइल जाये के बा।’

एह हालातन में बैंक दी मुआवजा

RBI के नया नियमन के मोताबिक, अब ग्राहकन के बड़ फायदा मिली। दरअसल, बैंक के लापरवाही के चलते अगर लॉकर में रखल सामान के नुकसान पहुंचत बा तs बैंक के भुगतान करे के होई। माने अब नया नियम के अनुसार, बैंक के जिम्मेदारी बढ़ गइल बा। एतने ना, बैंक के कर्मचारियन के धोखाधड़ी के कारण भइल नुकसान के भरपाइयो बैंक करी। एकरा तहत बैंक के देयता लॉकर के वार्षिक किराया के 100 गुना तक होई।

कब ना मिली मुआवजा

अब सवाल बा कि ग्राहकन के कवना हालातन में मुआवजा ना मिली। नया नियम के मोताबिक, बिजली गिरला, भूकंप, बाढ़, आंधी-तूफान आदि प्राकृतिक आपदा, ग्राहक के गलती भा लापरवाही के कारण लॉकर में रखल सामग्री के कवनो तरह के नुकसान होत बा, तs एकरा खातिर बैंक जिम्मेदार होई।

427600cookie-checkBank Locker Rules: RBI के ऐलान, साल के पहिलका दिन से बदल गइल बैंक से जुड़ल बड़ नियम, सब ग्राहकन पs पड़ी असर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.