बेंगलुरु टेस्ट: अय्यर के शानदार अर्धशतक, बुमराह-शामी के गेंदबाजी से भारत आगे

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2022

भारत श्रीलंका के बीचे बंगलोर में खेलल जा रहल पिंक बॉल टेस्ट के पहिलका दिने भारत के पहिला पारी 252 रन पs ढ़ेर हो गइल। एकरा जबाब में दिन के खेला खतम होखे तक श्रीलंका

Share

भारत श्रीलंका के बीचे बंगलोर में खेलल जा रहल पिंक बॉल टेस्ट के पहिलका दिने भारत के पहिला पारी 252 रन पs ढ़ेर हो गइल। एकरा जबाब में दिन के खेला खतम होखे तक श्रीलंका के टीम 6 विकेट के नुकसान पs 86 रन बना लेले बा। अभी 166 रन से पीछे श्रीलंका के आज दुसरका दिने बेहतर प्रदर्शन के उमेद बा।

 

श्रेयस अय्यर के शानदार भारत के पहिला में सम्मान जनक स्कोर 

श्रेयस अय्यर के जुझारू 92 रन के दम पs भारत 252 रन बनावे में सफल रहल। भारत कावर से 98 गेना में 92 रन बनावे आला श्रेयस अय्यर के बैट से दस गो चउका आ दु गो छ्क्का निकलल। भारत कावर से आउर बल्लेबाज लो के प्रदर्शन उमेद के मोताबिक ना रहल।

साभार-बीसीसीआई

पहिला दिने गिरल 16 गो विकेट

पहिला दिने भारत के दसो आ श्रीलंका के छव विकेट सहित 16 गो विकेट गिरल। जवन दिन-रात के टेस्ट में एक दिन में गिरल सबसे बेसी विकेटन के नाया रिकॉर्ड हs। भारत के विकेट श्रीलंका के स्पिनरन के ओहिजा श्रीलंका के विकेट भारत के तेज गेंदबाजन के मिलल। जसप्रीत बूमराह के 3, शामी के 2 आ अक्षर के 1 विकेट मिलल।

साभार-बीसीसीआई

 

अभी श्रीलंका बा 166 रन से पाछे

श्रीलंका के टीम अभी 166 रन से पाछे बिया आ आज दूसरा दिने भारत के कोसिस बेसी से बेसी लीड हासिल करे के होई। निरोशन डिकवेला 13 आ एंबुलडेनिया 0 रन बना के क्रीज़ पs बा लो। आज भारत जल्दीये चार विकेट लेवे के कोसिस करी।

 

पहिला दिन के खेल के खास लम्हा

  • 92 रन के पारी रहल श्रेयस के। 
  • 08 विकेट मिलल स्पिनरन के। 
  • 40 रन के सबसे बड़ साझेदारी रही पंत-श्रेयस के बीचे पांचवा विकेट ला। 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.