Maharashtra Politics : महाराष्ट्र के सियासत में भूचाल! BJP निकाय चुनाव में कांग्रेस-AIMIM से मिलवलस हाथ; फडणवीस देलें सफाई

By Shweta Supriya

Published on: Jan 7, 2026

सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र के सियासत में बड़ भूचाल आ गइल बा। निकाय चुनाव के नतीजा सामने आवतही राजनीति गरमा गइल बा। नगर निगम में सरकार बनावे खातिर पहिले बीजेपी ठाणे में शिंदे गुट वाली शिवसेना

Share

BJP alliance controversy in Maharashtra municipal elections with Congress and AIMIM

सेंट्रल डेस्क। महाराष्ट्र के सियासत में बड़ भूचाल आ गइल बा। निकाय चुनाव के नतीजा सामने आवतही राजनीति गरमा गइल बा। नगर निगम में सरकार बनावे खातिर पहिले बीजेपी ठाणे में शिंदे गुट वाली शिवसेना के खिलाफ कांग्रेस से हाथ मिला लेलस। अब खबर बा कि बीजेपी, असदुद्दीन ओवैसी के पार्टी AIMIM से गठबंधन कs लेलस, जवन सियासी गलियारा में खलबली मचा देले बा।

सत्तापक्ष आ विपक्ष के एह अनोखा गठबंधन से पूरा राज्य में राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। डिप्टी सीएम एकनाथ शिंदे के बेटा श्रीकांत शिंदे पहिलही एह गठबंधन के विरोध कइले रहस। अब खुद बीजेपी के भीतर से एह फैसला पs सवाल उठे लागल बा।

फडणवीस जतवलें नाराजगी

मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस एह गठबंधन के सिरा से खारिज कs देलें बाडे़। ऊ पार्टी के नेता लोग के कड़ा चेतावनी देलें। फडणवीस साफ कहलें कि कांग्रेस आ AIMIM के संगे कवनो तरे के गठबंधन के पार्टी के सीनियर नेतृत्व से मंजूरी नइखे मिलल। एकरा से संगठनात्मक अनुशासन के उल्लंघन भइल बा।

सीएम फडणवीस कहलें,  “हम साफ कह देत बानी कि कांग्रेस आ AIMIM के संगे कवनो गठबंधन स्वीकार ना कइल जाई। अगर कवनो लोकल नेता अपना मन से अइसन फैसला लेत बा, तs ऊ पार्टी अनुशासन के खिलाफ होई आ ओकरा पs कार्रवाई जरूर होई।”

विपक्ष उठवल सवाल

एह मुद्दा पs विपक्षी दल बीजेपी के घेरल सुरू कs देले बा। शिवसेना (यूबीटी) के सांसद संजय राउत तंज कसत कहलें, “अंबरनाथ आ अकोट में का भइल? ई बीजेपी के असली चेहरा देखावत बा। सत्ता में बनल रहे खातिर ई लोग कवनो के संगे गठबंधन करे खातिर तइयार बा।”

बतावल जा रहल बा कि ठाणे के अंबरनाथ नगर निगम में बीजेपी, कांग्रेस के संगे मिलके सरकार बना लेलस। ओहिजा, अकोला जिला के अकोट नगर निगम में अब AIMIM के संगे गठबंधन के ऐलानो कs दिहल गइल बा।

Read Also: सैयद फैज इलाही मस्जिद के का बा आतंकी कनेक्शन? Delhi Blast के बाद खंगारल गइल जमीन के रिकाॅर्ड तs चलल बुलडोजर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.