[the_ad_group id="30365"]

Bangladesh Interim Govt: मोहम्मद यूनुस आज शपथ लीहें, अंतरिम सरकार के सलाहकार परिषद में 15 सदस्य हो सकेलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विद्यार्थियन के बधाई देत यूनुस कहले कि एह नया जीत के बेहतरीन इस्तेमाल करीं। अपना गलती से जीत ना फिसल जाए दीं। जनरल ज़मान कहले, हमरा पूरा भरोसा बा कि यूनुस हमनी के लोकतंत्र के राह पs वापस ले आइहे, जवना से सबके फायदा होई।

बांग्लादेश में मोहम्मद यूनुस के नेतृत्व में बनल अंतरिम सरकार गुरुवार के रात शपथ ले ली। देश के सेना प्रमुख जनरल वकार उज ज़मान कहले कि प्रो. यूनुस गुरुवार के ही पेरिस से ढाका लवटत बाड़े। एकरा संगे-संगे युनुस जनता से शांति कायम राखे आ हिंसा से दूर रहे के अपील कइले बाड़े। कहलन कि हिंसा के राह चुनब तs सब कुछ तबाह हो जाई । शांत रहीं आ देश के फेर से बनावे के तइयारी करीं।

विद्यार्थियन के बधाई देत यूनुस कहले कि एह नया जीत के बेहतरीन इस्तेमाल करीं। अपना गलती से जीत के ना फिसल जाए दीं। जनरल ज़मान कहले, हमरा पूरा भरोसा बा कि यूनुस हमनी के लोकतंत्र के राह पs वापस ले आइहे, जवना से सबके फायदा होई। सेना के यूनुस के पूरा समर्थन बा। जनरल ज़मान कहले कि, अंतरिम सरकार के सलाहकार परिषद में 15 सदस्य हो सकतारे। सेना प्रमुख आशा जतवले कि तीन से चार दिन में स्थिति सामान्य हो जाई। कहलन कि हालात में तेजी से सुधार भइल बा। जे अपराध में लागल बा ओकरा के ना छोड़ल जाई। एह लोग के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई। संगही ऊ दावा कइले कि उनका लगे देश के नौसेना आ वायुसेना के मुखिया के समर्थन बा।

असंभव के संभव बनावे खातिर लोग के धन्यवाद : खालेदा

घर के नजरबंदी से रिहा भइल बांग्लादेश राष्ट्रवादी पार्टी के प्रमुख बेगम खालेदा जिया बुधवार के ढाका में पार्टी के भारी रैली कइली। ऊ असंभव के संभव बनावे खातीर छात्र आ जनता के धन्यवाद देली। जिया कहली कि, देश के पुनर्निर्माण क्रोध चाहे बदला के माध्यम से ना, बलुक प्रेम आ शांति के माध्यम से होई। जरुरी बा कि एगो लोकतांत्रिक बांग्लादेश बनावल जाव जवना से ओह नवहियन के सपना पूरा हो सके जवना खातिर ऊ लोग आपन खून बहवले बा।

भारतीय उच्चायोग के जवान वापस आ गइले, काम जारी बा

ढाका में भारतीय उच्चायोग के गैर जरूरी कर्मचारी आ ओह लोग के परिवार के सदस्य स्वेच्छा से व्यावसायिक उड़ान से भारत लवट अइले। हालांकि भारतीय मिशन में मौजूद सगरी राजनयिक ढाका से काम करत बाड़े। भारत के चार गो सहायक उच्चायोग भी बा। एयर इंडिया आ इंडिगो बुध का दिने स्पेशल फ्लाइट चलावत ढाका में फंसल चार सौ से अधिका लोग के भारत ले आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]