[the_ad_group id="30365"]

Bangladesh: भारत के बड़ फैसला, बांग्लादेश से हाई कमीशन-वाणिज्य दूतावास के गैर जरूरी कर्मचारी के वापस बोलावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्लादेश में फंसल भारतीयन के वापस ले आवे खातिर एयर इंडिया आ इंडिगो बांग्लादेश के राजधानी ढाका खातिर विशेष उड़ान भरले। एकरा माध्यम से 400 से अधिका लोग के भारत ले आवल गइल। एगो अधिकारी बतवले कि बुधवार के सबेरे एयर इंडिया के विशेष उड़ान से 6 बच्चा समेत 205 लोग के भारत ले आवल गइल।

बांग्लादेश में जारी राजनीतिक उथल-पुथल के बीच भारत उच्चायोग आ वाणिज्य दूतावास में तैनात गैर जरूरी कर्मचारी के वापस बोलावे के फैसला कइले बा। सरकार एकरा बारे में एगो सलाहकार भी जारी कइले बिया। उल्लेखनीय बा कि बांग्लादेश के सत्ता से बेदखल प्रधानमंत्री शेख हसीना फिलहाल भारत में बाड़ी। दूसर ओर बांग्लादेश में हिन्दू घर आ मंदिरन पर भी हमला जारी बा। अइसने में जबसे हालात संवेदनशील हो गइल बा तबसे भारत पूरा घटना पर बारीकी से नजर रखले बा।

ढाका में भारतीय उच्चायोग आ वाणिज्य दूतावास में तैनात गैर जरूरी कर्मचारी आ ओह लोग के परिवार के वापसी व्यावसायिक उड़ान का माध्यम से भइल बा। फिलहाल सभे राजनयिक उच्चायोग में रहीहे। सूत्र बतवले कि उच्चायोग में काम जारी रही।

 बांग्लादेश में फंसल भारतीयन के वापस ले आवल गइल

 बांग्लादेश में फंसल भारतीयन के वापस ले आवे खातिर एयर इंडिया आ इंडिगो बांग्लादेश के राजधानी ढाका खातिर विशेष उड़ान भरले। एकरा माध्यम से 400 से अधिका लोग के भारत ले आवल गइल। एगो अधिकारी बतवले कि बुधवार के सबेरे एयर इंडिया के विशेष उड़ान से 6 बच्चा समेत 205 लोग के भारत ले आवल गइल। इंडिगो एगो बयान भी जारी कs कहलस कि ए321 नियो विमान से संचालित चार्टर्ड फ्लाइट मंगलवार के रात ढाका से रवाना भइल रहे आ 6 बच्चा आ 199 वयस्क समेत 205 लोग भारत ले आइल रहले।

इंडिगो अपना बयान में कहलस कि, ढाका हवाई अड्डा के अस्थायी तौर पs बंद होखला के बाद इंडिगो 6 अगस्त 2024 के ढाका से कोलकाता खातीर विशेष उड़ान 6E 8503 चलावत रहे। ई उड़ान बांग्लादेश से भारतीय नागरिकन के वापस ले आवे खातिर चलावल गइल रहे । एयरलाइन के कहना बा कि बुध से भारत आ ढाका के बीच उड़ान परिचालन फेर से शुरू हो जाई। बता दीं कि इंडिगो के दिल्ली, मुंबई आ चेन्नई से रोजाना एक फ्लाइट चलेला, जबकि कोलकाता से ढाका खातिर रोज दू गो फ्लाइट चलेला।

 बुध के दिने से ढाका खातिर उड़ान चलावल जाई

एयर इंडिया बुध से दिल्ली आ ढाका के बीच रोज के दुगो उड़ान भी चलावेला। एकरा संगे-संगे विस्तारा बुधवार से तय समय सारिणी के मुताबिक ढाका खाती उड़ान भी चलावेला। बांग्लादेश में सरकारी नौकरी में काम करे वाला लोग के एगो खास वर्ग खातिर आरक्षण प्रणाली के खिलाफ जुलाई के बीच में छात्र विरोध शुरू भइल रहे। जवना के बाद ई प्रदर्शन हिंसक रूप ले लेलस। जवना में बहुत लोग आपन जान गंवा देले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]