[the_ad_group id="30365"]

बनारस-रामेश्वरम एक्स. आंशिक रद्द आ शॉर्ट टर्मिनेट: मण्डम-रामेश्वरम के बीच प्रभावित रही गाड़ी, उत्तर से दक्षिण भारत खातिर हs प्रमुख ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे 22536/22535 बनारस-रामेश्वरम-बनारस एक्सप्रेस के मण्डम-रामेश्वरम् के बीच आंशिक निरस्तीकरण, शॉर्ट टर्मिनेशन आ शार्ट ओरिजिनेशन करी। ई जानकारी जनसम्पर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलेे। निर्धारित तारीख के बाद सब ट्रेन नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs।

एह ट्रेनन के प्रभावित होखे से छपरा के यात्रियन के रनिंग थ्रू यात्रा में परेसानी के सामना करे के पड़ी। दुनो ट्रेन उत्तर भारत से दक्षिण भारत खातिर प्रमुख ट्रेनन में से एगो हs।  यात्रा से पहिले यात्रियन के ट्रेन के बदलाव के बारे में जनाकारी दिहल गइल बा।

  • बनारस से 10 मार्च के चले वाली 22536 बनारस-रामेश्वरम एक्सप्रेस रामेश्वरम के स्थान पs मण्डपम में यात्रा समाप्त करी। ई गाड़ी मण्डपम से रामेश्वरम् के बीच निरस्त रही।
  • रामेश्वरम् से 14 मार्च के चले वाली 22535 रामेश्वरम-बनारस एक्सप्रेस रामेश्वरम के स्थान पs मण्डपम से चलावल जाई। ई गाड़ी रामेश्वरम् से मण्डपम के बीच निरस्त रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]