Ballia News: विधायक सहित तीन लोग के जान से मारे के धमकी, प्रखंड मुख्यालय के दीवार पs चिपकल परचा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 14, 2024

उत्तर प्रदेश के बलिया जिला में प्रखंड मुख्यालय के दीवार पs एगो पम्पलेट चिपकल बा, जवना में एगो विधायक समेत तीन लोग के हत्या के धमकी दिहल गइल बा। एकरा संगे 10 रुपया के नोट

Share

उत्तर प्रदेश के बलिया जिला में प्रखंड मुख्यालय के दीवार पs एगो पम्पलेट चिपकल बा, जवना में एगो विधायक समेत तीन लोग के हत्या के धमकी दिहल गइल बा। एकरा संगे 10 रुपया के नोट भी चिपकल बा।

बलिया जिला के प्रखंड मुख्यालय के दीवारन पर दस रुपिया के नोट वाला पर्चा चिपका दिहल गइल बा। जवना में जुलाई महीना में बांसडीह थाना के सोझा रोहित पांडेय के बेरहमी से हत्या के हवाला देत क्षेत्रीय विधायक केतकी सिंह, गडवार के भानु दुबे आ छोहर के शुभम चौबे के हत्या के घोषणा कइल गइल बा। पुलिस के इहो चुनौती दिहल गइल बा कि अगर हिम्मत होखे तs अपराध होखे से रोके।

ए संबंध में थाना प्रमुख सुखपुरा योगेन्द्र सिंह के कहनाम बा कि मामला उनका संज्ञान में आ गइल बा। जांच हो रहल बा। बता दीं कि पहिले भी अइसन पर्चा ग्रामसभा असेगा आ बेरुआबारी गाँव समेत प्रखंड मुख्यालय के देवाल पर चिपकल रहे।

अधिकारी कहले

 सुखपुरा थाना क्षेत्र के बेरुआबारी में एगो विधायक के हत्या के साजिश के मामला में थाना में मामला दर्ज कइल जाता। टीम मामला के जांच आ आरोपी तक पहुंचे में व्यस्त बिया। -विक्रांत वीर, एसपी, बलिया

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.