Ballia News: बाइकन के टक्कर में भाई-बहिन भइले घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2023

सिकंदरपुर / नवानगर। मनियर मार्ग पs मानापुर मोड़ के लगे रविवार के साँझ दू गो बाइक के बीच भइल टक्कर में बाइक सवार भाई बहिन गंभीर रूप से घवाहि हो गइले। पास में मौजूद लोग

Share

सिकंदरपुर / नवानगर। मनियर मार्ग पs मानापुर मोड़ के लगे रविवार के साँझ दू गो बाइक के बीच भइल टक्कर में बाइक सवार भाई बहिन गंभीर रूप से घवाहि हो गइले। पास में मौजूद लोग दुनो लोग के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र सिकंदरपुर ले गईले। जहां प्राथमिक चिकित्सा के बाद जब हालत गंभीर हो गईल त डॉक्टर दुनो के जिला अस्पताल भेज देले।

गड़वार थाना क्षेत्र के सावन गांव के व्रजेश भारद्वाज (35) पुत्र विश्वनाथ अपना बहिन सुनीता भारद्वाज के पत्नी नागेन्द्र भारद्वाज के सिकंदरपुर थाना क्षेत्र के तहत ससुराल के बिजलीपुर में छोड़े जात रहले। मानपुर मोड़ के लगे पहुंचल मनियर मार्ग पs कि अचानक उल्टा दिशा से आवत बाइक से आमने-सामने टक्कर हो गईल। ए घटना में दुनो भाई-बहिन गंभीर रूप से घाही हो गईले। घटना के बाद दुनो लोग के घाही हालत में सामुदायिक स्वास्थ्य सिकंदरपुर पहुंचावल गईल। प्राथमिक चिकित्सा के बाद दुनो के गंभीर हालत देख के डॉक्टर सदर अस्पताल रेफर क देले।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.