Gorakhpur News : डीडीयू में ऑफलाइन मोड में होगी बीए ऑनर्स की काउंसिलिंग

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीए ऑनर्स में प्रवेश खातिर काउंसिलिंग अब ऑफलाइन मोड में आयोजित होई। च्वॉइस लॉक में अभ्यर्थियन के भइल परेसानी के बाद विश्वविद्यालय ई फैसला लेले बा। आफलाइन काउंसिलिंग के

Share

ddu gorakhpur

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में बीए ऑनर्स में प्रवेश खातिर काउंसिलिंग अब ऑफलाइन मोड में आयोजित होई। च्वॉइस लॉक में अभ्यर्थियन के भइल परेसानी के बाद विश्वविद्यालय ई फैसला लेले बा। आफलाइन काउंसिलिंग के कार्यक्रम जल्दिये जारी कइल जाई।

अभ्यर्थी आ छात्र प्रतिनिधि बहुत दिनन से एह समस्या के लेके कुलपति प्रो. पूनम टंडन के लगे पहुंचत रहे लो। अलग-अलग स्तरन पs विचार-विमर्श के बाद कुलपति एकरा खातिर ऑफलाइन काउंसिलिंग के निरदेस देलें बाड़ें।

विश्वविद्यालय में अबकी बेर ऑनलाइल काउंसिलिंग के प्रक्रिया सुरू कइल गइल रहे। 25 से 27 जुलाई तक च्वॉइस लॉक करे के मवका दिहल गइल रहे। एकरा बाद पहिले परास्नातक आ फेर बीए ऑनर्स के छोड़के सब स्नातक पाठ्यक्रमन के सीट आवंटन के परिणाम जारी कs दिहल गइल।

दरअसल, बीए ऑनर्स में जादेतर विद्यार्थी एके सब्जेक्ट कॉम्बिनेशन भर देले रहे लो। आउर पाठ्यक्रमन से अलग एह कोर्स में विषयन के संख्या जादे होखे के कारण विकल्प चयन अधिकाधिक करे के सुझाव के बावजूद कइयन अभ्यर्थी विकल्प चयन ना कइले रहे लो। ऊ लोग एके गो विकल्प भरले रहे लो। अइसन में सीट आवंटन परिणाम जारी होखला के बाद जादेतर अभ्यर्थी सीट से वंचित रह जाई लो।

पहिला चरण के काउंसिलिंग पूरा 

विश्वविद्यालय प्रशासन एह सत्र में प्रवेश परीक्षा आयोजित करे, परिणाम घोषित करे आ अलग-अलग पाठ्यक्रमन में ऑनलाइन काउंसिलिंग खातिर एगो समयबद्ध कार्यक्रम चलवले रहे। पीजी के 22 आ यूजी के 14 पाठ्यक्रमन खातिर पहिला चरण के ऑनलाइन काउंसिलिंग समाप्त हो चुकल बा। सबसे जादे सीटन वाला बीए पाठ्यक्रम में काउंसिलिंग प्रस्तावित रहे आ एकरा खातिर विकल्प चयन के प्रक्रियो कs लिहल गइल रहे, बाकिर बीतल कइयन दिनन से अभ्यर्थी अलग-अलग कारणन से तिथि विस्तारित कइल जाये आ अबकी बेर एकरा के ऑफलाइन मोड में करावे के निहोरा करत रहे लो।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि बीए ऑनर्स के अलावे सब पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर पहिला चरण के काउंसिलिंग पूरा हो चुकल बा। बीए में अभ्यर्थियन के बड़ संख्या बा। एह लोगन के जादे से जादे विषय विकल्प चुने के मवका देवे खातिर छात्रहित में एह पाठ्यक्रम में ऑफलाइन काउंसिलिंग से प्रवेश के निर्णय लिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.