Ayodhya Ram Mandir : 22 जुलाई के श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के बैठक, SIT के अंतिम रिपोर्ट पs होई चर्चा

Police investigation into the Ram Mandir donation theft case with WhatsApp chat evidence and SIT inquiry in Ayodhya.

Share

अयोध्या। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट 22 जुलाई के सांझ 4 बजे अयोध्या में ट्रस्टियन के अहम बैठक बुलवले बा। एह बैठक में SIT के अंतिम जांच रिपोर्ट पs चरचा होई, अगर रिपोर्ट निर्धारित समय तक ट्रस्ट के मिल गइल तs। ओहिजा ट्रस्ट के अलग-अलग समितियन के फेर से गठन आ पिछिला बैठक के कार्यवाही पs मुहर लगावल जाई।

SIT रिपोर्ट पर रही सभकर नजर

राम मंदिर में चढ़ावा से जुड़ल कथित गड़बड़ी के ममिला सामने अइला के बाद ई बैठक बहुते महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा। ट्रस्ट के उम्मेद बा कि SIT के अंतिम रिपोर्ट मिलला के बाद आगे के कार्रवाई पs फैसला लिहल जा सकेला।

चढ़ावा चोरी के ममिला से मचल रहे हंगामा

कुछ दिन पहिले राम मंदिर में श्रद्धालुअन के चढ़ावल दान-दक्षिणा आ चढ़ावा में कथित चोरी के ममिला सामने आइल रहे। ममिला बढ़ला के बाद जांच खातिर विशेष जांच दल (SIT) बनावल गइल। जांच के दौरान कइयन गो लोग गिरफ्तार भइल आ मंदिर में सेवा देत कुछ लोग के भूमिका सामने आइल।

एह ममिला में ट्रस्ट के कामकाज पs सवाल उठल, जवना के बाद ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय आ ट्रस्टी अनिल मिश्रा के इस्तीफा स्वीकार कs लिहल गइल।

मंदिर प्रबंधन में कइयनग गो बदलाव कइल गइल

विवाद के बाद ट्रस्ट मंदिर के प्रशासनिक बेवस्था मजबूत करे खातिर कइयन गो बदलाव कइलस। मंदिर के संचालन जादे पारदर्शी बने, एह खातिर नया बेवस्था लागू कइल गइल बा। एकरा संगही मुख्य कार्यकारी अधिकारी (CEO) के नियुक्ति खातिर आवेदनो मंगावल गइल बा।

कांग्रेस उठवलस जांच के मांग

एह ममिला पs कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे आ वरिष्ठ नेता राहुल गांधी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिखके व्यापक जांच के मांग कइले बा लो। ऊ ट्रस्ट के वित्तीय लेन-देन, श्रद्धालुअन से मिलल नकदी, सोना-चांदी आ दोसर चढ़ावा के पूरा हिसाब सार्वजनिक करे के मांग कइले बाड़ें।

अब 22 जुलाई के होखे जा रहल श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के बैठक पs सब केहू के नजर बा। उम्मीद कइल जा रहल बा कि SIT के अंतिम रिपोर्ट पs चरचा के बाद ट्रस्ट कइयन गो अहम फैसला ले सकेला, जवना से राम मंदिर के प्रबंधन आ पारदर्शिता के दिशा तय हो सकेला।

Read Also: MP UCC Bill : मध्य प्रदेश में लागू होखे जा रहल बा समान नागरिक संहिता, मोहन कैबिनेट से मिलल मंजूरी, विधानसभा में पेश होई विधेयक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-