इजराइल पs रॉकेट से हमला, कइगो लइका सहित 11 के मउत; नेतन्याहू हिजबुल्ला के दिहलस चेतावनी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

  इजरायल के नियंत्रण वाला गोलन हाइट्स पs शनिचर के दिने अचानक रॉकेट से हमला हो गइल. रॉकेट हमला तब भईल जब बच्चा एक जगह जुट के फुटबाल खेलत रहले। एह रॉकेट हमला में कम

Share

 

इजरायल के नियंत्रण वाला गोलन हाइट्स पs शनिचर के दिने अचानक रॉकेट से हमला हो गइल. रॉकेट हमला तब भईल जब बच्चा एक जगह जुट के फुटबाल खेलत रहले। एह रॉकेट हमला में कम से कम 11 लोग के मउत हो गइल जवना में बहुते बच्चा शामिल बाड़े. हमला के बाद अवुरी बहुत लोग के भी घाही होखे के बात कहल जाता। बता दीं कि ई रॉकेट हमला दक्षिणी लेबनान पs इजराइली हवाई हमला में हिजबुल्ला समूह के तीन गो सदस्यन के मउत के कुछ घंटा बाद भइल बा.

अमेरिका से लवटत नेतन्याहू

पिछला साल अक्टूबर में इजरायल आ हिजबुल्ला समूह के बीच लड़ाई शुरू भइला के बाद से इजरायली इलाका पs ई हमला सबले जानलेवा हमला बा जवना से एह इलाका में व्यापक टकराव के आशंका बढ़ गइल बा. इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू के कार्यालय के कहना बा कि ऊ जल्द से जल्द अमेरिका से अपना घरे लवटत बाड़न. एकरा से पहिले शनिचर के दिने दक्षिणी लेबनान पs इजरायली हवाई हमला में हिजबुल्ला के तीन गो सदस्य मारल गइले.

इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू चेतवलस कि हिजबुल्ला के एह हमला के भारी कीमत चुकावे के पड़ी जवना के ऊ अबहीं ले नइखे चुकवले. उनुकर कार्यालय शनिचर के दिने इजरायल के नियंत्रण में गोलन हाइट्स में फुटबाल मैदान पs भइल रॉकेट हमला में नाहियो तs 11 लोग के मउत हो गइल. हालांकि इजरायल एह हमला खातिर हिजबुल्ला के जिम्मेदार ठहरावत बा बाकिर हिजबुल्ला कवनो भूमिका से इनकार कइले बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.