Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asian Games: ऋतुराज गायकवाड़ एशियाई खेलन में संभरिहें भारतीय टीम के कमान, शिखर धवन के ना मिलल जगह

एशियाई खेलन खातिर चुनल गइल टीम में आईपीएल में सानदार प्रदर्शन करे वाला बेसी खिलाड़ी बा लो। संगही एह खिलाड़ियन के चयन से एक बात स्पष्ट हो गइल बा कि शिखर धवन विश्व कप खातिर टीम मैनेजमेंट के योजना में नइखन। 

1,299

एशियाई खेलन खातिर भारतीय पुरुष क्रिकेट टीम के ऐलान हो गइल बा। ऋतुराज गायकवाड़ के कप्तानी में टीम इंडिया पहिला बेर एशियाई खेलन में आपन चुनौती पेश करी। एकरा पहिले मीडिया रिपोर्ट्स में ई कहल गइल रहे कि शिखर धवन के चुनल जा सकत बा आ उनका के कप्तान बनावल जा सकत बा, बाकिर अइसन ना भइल। धवन के चयन नइखे भइल। एशियाई खेलन में पुरुष क्रिकेट प्रतियोगिता टी 20 प्रारूप में 28 सितंबर से 8 अक्टूबर के बीच होई।

एशियाई खेलन खातिर चनल गइल टीम में आईपीएल में सानदार प्रदर्शन करे वाला जादे खिलाड़ी बा लो। संगही एह खिलाड़ियन के चयन से एगो बात स्पष्ट हो गइल बा कि ई विश्व कप खातिर शिखर धवन टीम मैनेजमेंट के योजना में नइखन।

एशियाई खेलन खातिर पुरुष टीम: ऋतुराज गायकवाड़ (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, राहुल त्रिपाठी, तिलक वर्मा, रिंकू सिंह, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), वॉशिंगटन सुंदर, शाहबाज अहमद, रवि बिश्नोई, आवेश खान, अर्शदीप सिंह, मुकेश कुमार, शिवम मावी, शिवम दुबे, प्रभसिमरन सिंह (विकेटकीपर)।

स्टैंडबाय खिलाड़ी: यश ठाकुर, साई किशोर, वेंकटेश अय्यर, दीपक हुड्डा, साई सुदर्शन।

एह कारण सीनियर खिलाड़ियन के ना मिली जगह

2010 आ 2014 में बीसीसीआई आउर प्रतिबद्धतन के कारण टीम ना भेजले रहे। अबकी बेर पुरुषन के स्पर्धा भारत के विश्व कप तइयारियन के संगही होई। एहिसे एह महाद्वीपीय इवेंट में सीनियर खिलाड़ियन के नइखे भेजल जा रहल। जहां तक शिखर धवन के बात बा तs उनका के ना चुनल गइला से एतना स्पष्ट हो गइल बा कि टीम मैनेजमेंट अब उनका बारे में नइखे सोच रहल आ उनकर करियर लगभग समाप्त हो गइल बा।

एशियाई खेलन में तीसरका बेर क्रिकेट

ई तीसरका बेर होई जब क्रिकेट एशियाई खेलन के हिस्सा होई। एकरा पहिले 2010 आ 2014 में भारत एशियाई खेलन खातिर आपन पुरुष भा महिला टीमन के ना भेजले रहे। पुरुषन के क्रिकेट प्रतियोगितन में बांग्लादेश आ श्रीलंका एक-एक स्वर्ण पदक जीतले बा आ महिलन में पाकिस्तान के दु बेर सफलता मिलल बा।

600190cookie-checkAsian Games: ऋतुराज गायकवाड़ एशियाई खेलन में संभरिहें भारतीय टीम के कमान, शिखर धवन के ना मिलल जगह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.