स्पोर्ट्स डेस्क। जापान के आइची-नागोया में आज से सुरू हो रहल एशियन गेम्स-2026 के ओपनिंग सेरेमनी में अलग-अलग देस के खिलाड़ी आ प्रतिनिधि सामिल होई लो। एह समारोह में भारतीय दल के अगुआई मनु भाकर आ तेजिंदरपाल सिंह तूर के करे के रहे, बाकिर आखिरी समय में तेजिंदरपाल के नाम हटा दिहल गइल बा। अब मनु भाकर के संगे भारत के झंडा कबड्डी खिलाड़ी पवन सहरावत उठइहें।
ओपनिंग सेरेमनी में हिस्सा लेवे वाला सब देस के खिलाड़ी एक संगे मार्च करेला लो। एमे से हर देस के चुनिंदा दूगो खिलाड़ी के दल के अगुआई करे आ देस के झंडा उठावे के जिम्मेदारी मिलेला। भारत खातिर ई जिम्मेदारी ओलंपिक पदक विजेता मनु भाकर आ तेजिंदरपाल सिंह तूर के मिलल रहे।
काहे बदलल गइल ध्वजवाहक?
पीटीआई के रिपोर्ट के मोताबिक, तेजिंदरपाल सिंह तूर अभी भारत के एथलेटिक्स बेस सुकुबा में मवजूद बाड़ें। ऊ सनिचर के ओपनिंग सेरेमनी तक जापान के आइची-नागोया ना पहुंच पइहें। तूर बतवलें कि उनका अभी तक आधिकारिक किट नइखे मिलल, एह वजह से ऊ खेल खातिर रवाना ना हो पवले।
ओपनिंग सेरेमनी से कुछ घंटा पहिले ई बदलाव सामने आइल। तूर के जगह अब कबड्डी खिलाड़ी पवन सहरावत के ध्वजवाहक बनावल गइल बा। सहरावत भारतीय कबड्डी टीम के हिस्सा बाड़ें आ पिछिला एशियन गेम्स में भारत के स्वर्ण पदक जितावे में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहलें।
आज होई एशियन गेम्स के उद्घाटन
एशियन गेम्स-2026 के ओपनिंग सेरेमनी भारतीय समय के हिसाब से आज दिन में 2:30 बजे सुरू होई आ करीब दू घंटा चली। समारोह के प्रसारण सोनी स्पोर्ट्स नेटवर्क पs कइल जाई।
एह खेल आयोजन में भारत के करीब 500 खिलाड़ी 35 गो खेल में हिस्सा लिही लो। हालांकि, खेल सुरू होखे से पहिले खिलाड़ियन के आवास आ परिवहन बेवस्था के लेके कइयन तरे के शिकायत सामने आ चुकल बा। एह सब सवालन के बीच एशियन गेम्स के सुरुआत होखे जा रहल बा।






