Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एशिया कप 2023 के आजु से होइ आगाज, जानी टूर्नामेंट के पहिला मैच से जुड़ल खास बात

एशिया कप 2023 के आगाज पाकिस्तान आ नेपाल के बीचे पहिला मुकाबला से होइ। एह मुकाबला के आयोजन मुल्तान क्रिकेट स्टेडियम में होइ।

1,578

एशिया कप के सोलहवाँ संस्करण आजु से शुरू होखे वाला बा। एकदिना प्रारूप के ई 14वां संस्करण ह।  अबकी बेर एह टूर्नामेंट के मेजबानी पाकिस्तान करत बा।  जबकि पाकिस्तान में 4 गो मैच खेलल जाई, श्रीलंका में 9 गो मैच होखी जवना में भारत के सगरी मैच शामिल बा।  एह टूर्नामेंट के पहिला मैच पाकिस्तान आ नेपाल के बीच खेलल जाई।  ई मैच मुल्तान क्रिकेट स्टेडियम में होखी।  एह मैच खातिर पाकिस्तान एक दिन पहिले 11 गो खेले के एलान कइले रहुवे।  साथही नेपाल के टीम एह टूर्नामेंट के इतिहास में आपन पहिला मैच खेली।

एशिया कप 2023 के पूरा फॉर्मेट का बा?
एशिया कप अबकी बेर हाइब्रिड मॉडल पs खेलल जा रहल बा। लमहर विवाद के बाद आयोजन स्थल तय हो गइल। भारत के टीम पाकिस्तान में कवनो मैच ना खेली।  एह टूर्नामेंट के हाईवोल्टेज मैच भारत आ पाकिस्तान के बीच 2 सितंबर के खेलल जाई।  एह टूर्नामेंट खातिर भारत, पाकिस्तान आ नेपाल एके ग्रुप में बा।  जबकि बांग्लादेश, अफगानिस्तान आ श्रीलंका के टीम ग्रुप बी में बाड़ी सँ।  हर टीम ग्रुप स्टेज में 2-2 मैच खेली।  एकरा बाद दुनो ग्रुप के टॉप 2 टीम सुपर 4 में जाई।  सुपर 4 में हर टीम एक-एक मैच खेली।  एकरा बाद एह टूर्नामेंट के फाइनल मैच 17 सितंबर के खेलल जाई।

लाइव प्रसारण कब, कहाँ आ कइसे देख सकीले?
बता दीं कि भारत में एशिया कप के मीडिया अधिकार स्टार स्पोर्ट्स के लगे बा।  टीवी पs दर्शक अलग अलग भाषा में विभिन्न स्टार स्पोर्ट्स चैनलन पs एके तरह के आनंद ले सकेलें। जबकि ओटीटी पs प्रशंसक हॉटस्टार पs एशिया कप के सगरी मैच देख सकेलें।एशिया कप के सगरी मैच 3:00 PM से शुरू होखी।  टॉस के समय दुपहरिया 2.30 बजे बा।

पाकिस्तान के प्लेइंग 11
बाबर आजम (कप्तान), इमाम उल हक, फखर जमां, मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), आगा सलमान, इफ्तिखार अहमद, शादाब खान, मोहम्मद नवाज, नसीम शाह, शाहीन शाह अफरीदी, हारिस रऊफ।

नेपाल के स्क्वॉड

रोहित पौडेल (कप्तान), कुशल भुर्टेल, आसिफ शेख, भीम शर्की, कुशल मल्ला, आरिफ शेख, दीपेंद्र सिंह ऐरी, गुलशन झा, सोमपाल कामी, करण केसी, संदीप लामिछाने, ललित राजबंशी, प्रतीश जीसी, मौसम ढकाल, संदीप जोरा , किशोर महतो, अर्जुन साउद।

633520cookie-checkएशिया कप 2023 के आजु से होइ आगाज, जानी टूर्नामेंट के पहिला मैच से जुड़ल खास बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.