Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अरविंद केजरीवाल के पहिला बेर दिहल गइल इंसुलिन, तिहाड़ जेल में लगातार बढ़ल जात रहे शुगर लेवल

69

Arvind Kejariwal: आबकारी नीति घोटाले से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग मामले में तिहाड़ जेल में बंद दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के इंसुलिन ना मिलला पऽ आरोप-प्रत्यारोप जारी बा। एही बीच मंगर के सीएम केजरीवाल के पहिला बेर इंसुलिन दीहल गइल बा। आम आदमी पार्टी के सूत्रन के मोताबिक जेल में सीएम केजरीवाल के शुगर लेवल लगातार बढ़ रहल बा। मुख्यमंत्री केजरीवाल के शुगर लेवल 320 तक गइल रहे।

एकरा से पहिले काल सोमार के अरविंद केजरीवाल के राउज एवेन्यू कोर्ट से एगो आउर झटका लागल। रोज 15 मिनट वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग से अपना चिकित्सकन से सलाह लेवे के अनुमति देवे के मांग के केजरीवाल के अर्जी के कोर्ट खारिज कऽ देलस।

सीएम जेल अधीक्षक के लिखले पत्र, कहले- राउर बयान झूठ

बता दी कि एकरा से पहिले पहले केजरीवाल  तिहाड़ जेल अधीक्षक के एगो चिट्ठी लिखले हऽ। एमें उऽ जेल प्रशासन के बयान के गलत बतवले बाड़े। रऊआ पत्र के एक्स पऽ साझा कइनी हऽ। केजरीवाल अपना पत्र में लिखले हऽ, अखबार में राउर बयान पढ़नी। उऽ गलत बा। राउर झूठ बयान पढ़ के बहुत दुख भइल

उऽ कहले , “जेल प्रशासन के पहिला बयान ‘अरविंद केजरीवाल इंसुलिन के मुद्दा कबो ना उठवले’ सरासर झूठ बा। हम पिछला 10 दिन से लगातार इंसुलिन के मुद्दा उठा रहल बानी, दिन में कई बेत उठावत बानी। हम ग्लूकोमीटर के  रीडिंग देख के बतवनी कि दिन में तीन बार पीक आवत बा आ शुगर लेवल 250-320 के बीच जाता।”

हम बतवनी कि फास्टिंग के शुगर लेवल रोज 160-200 पऽ बा। हम रोज इंसुलिन के मांग कइले बानी। तऽ रउआ ई झूठ बयान कइसे दे सकत बानी कि केजरीवाल कबो इंसुलिन के मुद्दा नइखन उठवले? पत्र में आगे जेल प्रशासन के दूसरका बयान के जिक्र करत लिखले कि एम्स के डॉक्टर लो आश्वस्त कइले बा कि कवनो चिंता के बात नइखे। इहो सरासर झूठ बा।

उऽ लोग अइसन कवनो आश्वासन नइखे देले। उऽ लोग शुगर लेवल आ हमरा स्वास्थ्य से जुड़ल पूरा डाटा मांगलस  आ कहलस कि डाटा के देख के विश्लेषण कइला के के बादे उऽ आपन राय दिहें। हमरा बहुत दुख बा कि रउआ राजनीतिक दबाव में आ के झूठ आ गलत बयान देनी। हम उम्मीद करत बानी कि रउआ कानून आ संविधान के पालन करब।

जेल प्रशासन के दावा के आधार महज डाइटीशियन के चार्ट: आतिशी

दिल्ली सरकार में मंत्री आतिशी ईडी आ तिहाड़ जेल प्रशासन पऽ कोर्ट के गुमराह करे के आरोप लगवली हऽ। उऽ कहली हऽ कि केजरीवाल के शुगर लेवल बढ़े के लेके ना तऽ एम्स के विशेषज्ञन से सलाह कइल गइल बा आ नाहीं केजरीवाल के ठीक से चेकअप करावल गइल बा।

खाली एगो डाइटीशियन के चार्ट के आधार पऽ कोर्ट में कहल गइल बा कि जदि उनका के एकरा अनुसार खाना दिहल जाव तऽ उनकर शुगर लेवल ठीक रही आ उनका के इंसुलिन के जरूरतो ना पड़ी। आप मुख्यालय में प्रेसवार्ता कर के आतिशी कहली कि ई सब कुछ एगो सोचल समझल साजिश के तहत हो रहल बा।

799640cookie-checkअरविंद केजरीवाल के पहिला बेर दिहल गइल इंसुलिन, तिहाड़ जेल में लगातार बढ़ल जात रहे शुगर लेवल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.