Gorakhpur News: डीडीयू में 13 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर दोबारा आवेदन सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एमए उर्दू, संस्कृत, अर्थशास्त्र सहित 13 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर दोबारा ऑनलाइन आवेदन सुरू कइल गइल बा। एमे सीट खाली रह गइल रही सs। जवना के बाद विश्वविद्यालय दोबारा

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एमए उर्दू, संस्कृत, अर्थशास्त्र सहित 13 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर दोबारा ऑनलाइन आवेदन सुरू कइल गइल बा। एमे सीट खाली रह गइल रही सs। जवना के बाद विश्वविद्यालय दोबारा पोर्टल खोले के फैसला लेलस। एकरा अलावे आउर पाठ्यक्रमन में दूसरका काउंसलिंग के बाद खाली रह गइल सीटन खातिर अंतिम चरण के प्रवेश प्रक्रिया सोमार से सुरू हो गइल।

अंतिम चरण के काउंसलिंग खातिर ऑनलाइन च्वाॅइस लॉक के प्रक्रिया 28 से सुरू होक 30 अगस्त तक चली। प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष सिन्हा बतवलें कि एमए उर्दू, दर्शनशास्त्र, परफॉर्मिग आर्ट, संस्कृत, अर्थशास्त्र, सांख्यिकी, रक्षा आ स्त्रात्जिक अध्ययन, एमएससी फूड टेक्नालाॅजी, एमएजेएमसी, एमए (योग) आ डिप्लोमा इन ज्योतिष, वास्तु एंड कर्मकांड, डिप्लोमा इन योग आउर डिप्लोमा इन डिजास्टर मैनेजमेंट में प्रवेश खातिर इच्छुक अभ्यर्थी प्रवेश पोर्टल www.dduguadmission.in पs ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। अंतिम तिथि 30 अगस्त बा।

एह अभ्यर्थियन के एगो आउर मवका

प्रो. हर्ष सिन्हा बतवलें कि एमएससी एक्वाकल्चर आ पर्यावरण विज्ञान में रिक्त सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी प्राणि विज्ञान के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के, इंडस्ट्रीयल केमिस्ट्री के खाली सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी केमिस्ट्री के प्रवेश परीक्षा में सामिल अभ्यर्थियन के प्लांट बायोटेक्नालाॅजी आ बायो इन्फार्मेटिक्स के रिक्त सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी बायोटेक्नालाॅजी के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के, इलेक्ट्राॅनिक्स के खाली सीटन खातिर फिजिक्स से आउर बीएससी होम साइंस में रिक्त सीटन खातिर बीएससी जीवविज्ञान आ बीएससी गणित के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के नया आवेदन करे के अनुमति दिहल गइल बा। इच्छुक अभ्यर्थी विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल पs 30 अगस्त तक आपन आवेदन कs सकत बा लो ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.