[the_ad_group id="30365"]

साल-2024 खातिर यायावरी शिखर सम्मान के भइल घोषणा, प्रख्यात एक्टर कुनाल सिंह के यायावरी भोजपुरी महोत्सव में होई सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। साल-2024 खातिर प्रतिष्ठित यायावरी शिखर सम्मान पुरस्कार के घोषणा हो गइल बा। एह साल ई पुरस्कार भोजपुरी के प्रख्यात एक्टर कुणाल सिंह के दिहल जाई। ई सम्मान उनका के नव जून के गोरखपुर में होखे जा रहल यायावरी भोजपुरी महोत्सव में दिहल जाई।

एह पुरस्कार के घोषणा चयन समिति के अध्यक्ष फिल्म निर्देशक विमल चंद्र पांडेय के ओर से बुधवारी बइठकी में कइल गइल। चयन समिति में डॉ. एम के पांडेय आ डॉ. क्षमा त्रिपाठी सदस्य के रूप में सामिल रहे लो।

के हs कुणाल सिंह? 

भोजपुरी फिल्मी दुनिया के करीब से जाने वाला लोग कुणाल सिंह के भोजपुरी के लिजेंडरी एक्टर के रूप में जानेला। अभी ले ऊ 250+ फिलिमन में काम कs चुकल बाड़े। उनका के भोजपुरी के अभिताभ बच्चन आ जितेंद्र कुमार के उपमा दिहल जाला। सिनेमा में उनकर उल्लेखनीय जोगदान के देखत साल 2012 में प्रणब मुखर्जी के ओर  सेराष्ट्रकवि दिनकर पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे।

फिल्मी दुनिया में कुणाल सिंह के सफर

साल 1955 में जनमल कुणाल सिंह के फिलमी करिअर के सुरुआत गिरीश रंजन निर्देशित हिंदी फिल्म कल हमारा है (1980) से भइल रहे। भोजपुरी में उनकर पहिला बड़ सफलता धरती मईया (1981) रहे, जवना में ऊ एगो स्वच्छंद नवहा के भूमिका निभवले रहस। उनकर सबसे बड़ हिट गंगा किनारे मोरा गांव 1983 में रिलीज भइल रहे।

कब मिली सम्मान

कुणाल सिंह के ई सम्मान 09 जून के गोरखपुर में आयोजित हो रहल भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से आयोजित यायावरी भोजपुरी महोत्सव में दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]