Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: पीपीगंज में छात्र से खिसियाइल शिक्षक डस्टर चलवलस, कपार फाट गईल

195

 

 

गोरखपुर के पीपीगंज थाना क्षेत्र के एगो प्राथमिक विद्यालय में एक बेर फेरु से छात्रा पs शिक्षक मारपीट के मामिला सामने आइल बा। आरोप बा कि एगो खिसियाइल शिक्षक पीपीगंज के प्राथमिक विद्यालय के पांचवा कक्षा के छात्र अंकुश पs डस्टर चलवले रहले, जवना के चलते उनुकर माथा फुट गईल। माई आरोपी शिक्षक के खिलाफ पीपीगंज थाना में शिकायत दर्ज करवले बिया। पुलिस मामिला के छानबीन में जुटल बिया।

 

पीपीगंज के सीमा देवी थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। उ पुलिस के बतवली कि उनुकर बेटा अंकुश प्राथमिक विद्यालय में पांचवा कक्षा के छात्र हs। बुध के सबेरे पढ़े खातिर स्कूल गईली। ओकरा के पढ़ावे वाला मास्टर कवनो मुद्दा पs खिसिया के ओकरा के डस्टर से मार दिहल। एकरा चलते उनकर बेटा के माथा फुट गईल। जानकारी मिलला के बाद जब स्कूल पहुंचला के बाद शिक्षक से पूछताछ करे के कोशिश भईल तs उनुका के भेज दिहल गईल।

माई छात्रा के प्राथमिक चिकित्सा देली अवुरी ओकरा बाद थाना में जाके शिकायत दर्ज करवली। सीओ कैम्पियरगंज कमलेश सिंह बतवले कि छात्रा के महतारी शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। पीपीगंज पुलिस घटना के छानबीन में जुटल बिया। जदी आरोप सही पावल गईल तs शिक्षक के खिलाफ मामिला दर्ज कs कार्रवाई कईल जाई।

उरुवा में इs मामिला सोझा आईल

अबे तीन दिन पहिले उरुवा के मुरारपुर प्राइमरी स्कूल में भी अयीसने मामिला सोझा आईल रहे। इहाँ शिक्षक एगो छात्र के गोड़ ना छूवे के चलते पीटले रहले, जवना के चलते ओह लईका के चोट पहुंचल रहे। एs मामिला में मामिला दर्ज हो चुकल बा अवुरी पुलिस भी छानबीन में जुटल बिया।

 

 

781360cookie-checkGorakhpur News: पीपीगंज में छात्र से खिसियाइल शिक्षक डस्टर चलवलस, कपार फाट गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.