भूकंप के झटका से हिलल जम्मू-कश्मीर के धरती, रिक्टर पैमाना पs एतना रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2024

  जम्मू कश्मीर में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। सबेरे करीब 11.33 पs भूकंप के झटका महसूस भईल। जम्मू कश्मीर में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। सबेरे करीब 11.33

Share

 

जम्मू कश्मीर में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। सबेरे करीब 11.33 पs भूकंप के झटका महसूस भईल।

जम्मू कश्मीर में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। सबेरे करीब 11.33 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 3.9 दर्ज भईल बा। भूकंप के गहराई 5 किलोमीटर अंतर्देशीय में दर्ज भईल बा।

एकरा के वैज्ञानिक रूप से समझे खातिर हमनी के पृथ्वी के संरचना के समझे के पड़ी। पृथ्वी टैक्टोनिक प्लेट पs स्थित बा। एकरे नीचे तरल लावा बा आ एकरे ऊपर टेक्टोनिक प्लेट सभ तैरत बाड़ी सऽ। कई बेर ई प्लेट एक दोसरा से टकरा जाले। बार-बार टक्कर के चलते कबो-कबो प्लेट के कोना मोड़ जाला अवुरी जब जादा दबाव होखेला तs इs प्लेट टूटे लागेले। अइसना में नीचे से आवे वाली ऊर्जा के रास्ता मिल जाला। जब एकरा से गड़बड़ी पैदा हो जाला तs ओकरा बाद भूकंप आवेला।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.