Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हार्ट अटैक के बढ़त मामिला के बीच इंटरनेशल डॉक्टर दिहलें सलाह, एक गोली बचाई लोग के जान

13,869

आजु के समय में सभे एक-दूसरा से आगे निकल गइल चाहsता। कब्बो न खत्म होखे वाले जिंदगी के एह रेस में भागत लोग ई भुला जाला कि सेहत बा त सबकुछ बा। अगर केहू के स्वास्थ्य गड़बड़ बा त ऊ केतनो चाह लें अपने काम के निम्मन से नइखे कs सकsत। उहवें ओ कामयाबियो के कौनो मतलब नाइ रह जाला जेके रउआ सेलिब्रेट न सकीं।

आजु दू पल में ही अचानक लोग काल के गाल में समा जा रहल बानें। हाल ही में हार्ट अटैक से कई लोग के मौत हो चुकल बा। एहमें बड़-बड़ सेलिब्रिटिज से ले के आम जनता ले शामिल बा। एहमें कई नाम त अइसन बा जे अपने फिटनेस के ले के काफी सजग रहत रहनें। एकरे बावजूद हार्ट अटैक उनकर जान ले लिहलस।

हालही में हार्ट अटैक से मशहूर कॉमेडियन राजू श्रीवास्तव, दीपेश भान, सिद्धांत वीर सूर्यवंशी, अउर सिंगर केके के मौत हो गइल। एहसे पहिले सिद्धार्थ शुक्ला, श्रीदेवी, प्रवीण सोबती जइसन कलाकारो हार्ट अटैक के वजह से आपन जान गंवा चुकल बानें।

हार्ट अटैक (Heart Attack) के बढ़त मामिला के देखत एकरे प्रति समय रहत सर्तक हो गइल बहुत जरूरी हो गइल बा, काहेसेकि तनिको लापरवाही आपके जान ले सकतिया। ट्विटरो पर हार्ट अटैक ट्रेंड कs रहल बा। अइसे में इंटनेशनल डॉक्टर एडमॉन्ड फर्नांडेस हार्ट अटैक से बचले के सलाह ट्विटर (Twitter) पर शेयर कइले बानें।

ऊ हार्ट अटैक के खतरा के देखत बतवलें कि Aspirin के टेबलेट साथ हमेशा अपने संगे रखें। अगर आप के अचानक सीना में दर्द, गर्दन, बाएं हाथ में दर्द हो रहल बा त एके जल्दी से खा लेईं। सीना में दर्द के गैस्ट्रिक दर्द समझ कs नजरअंदाज ना करीं। 300 एमजी वाला एह गोली के हार्ट अटैक अइले पs मरीज के दे दिहल जाए त हो सकsता कि ओकर जान बच जाय। ई गोली स्थिति के थोड़ा स्थिर कs सकsता लेकिन मरीज के तुरंत अस्पताल ले गइल जरूरी बा।

हार्ट अटैक के लक्षण

  • सीना में दर्द महसूस होखल
  • अधिक पसीना आइल
  • बैचेनी महसूस होखल
  • सांस फूलल
405470cookie-checkहार्ट अटैक के बढ़त मामिला के बीच इंटरनेशल डॉक्टर दिहलें सलाह, एक गोली बचाई लोग के जान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.