US: जेडी वेंस के ट्रंप बनवलें उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार, कमला हैरिस देली बधाई; एह बात के जतवली उम्मेद 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2024

US President Election 2024: एह साल पांच नवंबर के अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव होखे वाला बा। पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप वर्तमान राष्ट्रपति जो बाइडन के खिलाफ एक बेर फेर चुनावी मैदान में उतर गइल बाड़ें।

Share

US President Election 2024: एह साल पांच नवंबर के अमेरिका में राष्ट्रपति चुनाव होखे वाला बा। पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप वर्तमान राष्ट्रपति जो बाइडन के खिलाफ एक बेर फेर चुनावी मैदान में उतर गइल बाड़ें। बाइडन के पार्टी डेमोक्रेट्स उपराष्ट्रपति पद खातिर कमला हैरिस के उम्मीदवार चुनले बिया।

ओहिजा, रिपब्लिकन पार्टी के ओर से उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार के घोषणा कs दिहल गइल बा। ट्रंप सोशल मीडिया ट्रुथ पs रिपब्लिकन पार्टी के ओहियो सीनेटर जेडी वेंस के उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा। न्यूयॉर्क पोस्ट के रिपोर्ट के अनुसार, उपराष्ट्रपति कमला हैरिस सोमार के जेडी वेंस के बधाई देली।

डिबेट में मिलला के उम्मेद 

कमला हैरिस वॉइस मेल के माध्यम से जेडी के बधाई देली अपना मैसेज में, हैरिस कहली कि ‘वैंस के सीबीएस न्यूज डिबेट में देखे के उम्मेद बा।’ बता दीं कि मिल्वौकी में अपना सम्मेलन के दौरान, रिपब्लिकन नेशनल कमेटी के प्रतिनिधी  लो सर्वसम्मति से वेंस के आधिकारिक जीओपी उपराष्ट्रपति पद के उम्मीदवार के रूप में नामित कइलें। जदि ऊ ट्रंप के साथ चुनल जात बाड़ें, तs वेंस अमेरिकी इतिहास में दूसरका सबसे नवहा उपराष्ट्रपति बन जइहें।

ट्रंप ट्रुथ सोशल पs उपराष्ट्रपति के घोषणा करत लिखलें, ‘लमहर विचार-विमर्श आ सोच-विचार के बाद आ कइयन गो आउर लोगन के जबरदस्त प्रतिभा के देखत, हमनी के फैसला कइले बानी कि संयुक्त राज्य अमेरिका के उपराष्ट्रपति के पद संभारे खातिर सबसे उपयुक्त व्यक्ति ओहियो के महान राज्य के सीनेटर जेडी वेंस बाड़ें।’

के हs जेडी वेंस?

  • जेडी मरीन कॉर्प्स में देस के सेवा कइलें बाड़ें
  • दु साल में ओहियो स्टेट यूनिवर्सिटी से ग्रेजुएशन कइलें बाड़ें
  • सुम्मा कम लाउड आ येल लॉ स्कूल से ग्रेजुएट बाड़ें
  • वे येल लॉ जर्नल के संपादक आ येल लॉ वेटरन्स एसोसिएशन के अध्यक्ष रहस
  • जेडी के टेक्नोलॉजी आ फाइनेंस में बहुत सफल बेवसायिक करिअर रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.