America Firing: स्कूल में गोलीबारी करे वाला छात्र के पिता गिरफ्तार, हत्या के मामिला दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 6, 2024

        अमेरिका के जॉर्जिया के एगो हाई स्कूल में गोली चलावे वाला एगो छात्र के पिता के हत्या के आरोप समेत कई तरह के आरोप में गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। छात्र

Share

अमेरिका जॉर्जिया हाई स्कूल फायरिंग : फोटो

 

 

 

 

अमेरिका के जॉर्जिया के एगो हाई स्कूल में गोली चलावे वाला एगो छात्र के पिता के हत्या के आरोप समेत कई तरह के आरोप में गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। छात्र गोलीबारी में चार लोग के मउत हो गईल अवुरी 9 लोग घाही हो गईले। अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले बाड़े। जॉर्जिया ब्यूरो ऑफ इन्वेस्टिगेशन (जीबीआई) बियफ़ें के सोशल मीडिया पs जारी एगो पोस्ट में कहलस कि, आरोपी कोल्ट ग्रे के पिता 54 साल के कॉलिन ग्रे पs हत्या अवुरी बच्चा के संगे क्रूरता के आरोप लगावल गईल बा।

सजा केतना हो सकेला?

जीबीआई के निदेशक क्रिस होजी ने प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहले कि, इs आरोप एहसे लगावल गईल बा काहेकी ग्रे, सबकुछ जानत अपना बेटा के हथियार राखे के अनुमति देले रहले, होजी कहले कि,” उनुका पs लगावल आरोप सीधा-सीधा से जुड़ल बा लेकिन इs सभ गतिविधि बेटा के हथियार रखले के अनुमति देले से जुड़ल बा.” एह आरोपन में दोषी के दस से 30 साल के सजा हो सकेला जबकि एह हत्या के मामिला में न्यूनतम आजीवन कारावास के सजा हो सकेला.

शेरिफ कार्यालय से जारी रिपोर्ट में कोलिन ग्रे कहले कि, उनुका मालूम रहे कि इs हथियार का कs सकता, एकर इस्तेमाल कईसे कईल जा सकता अवुरी एs हथियार के इस्तेमाल काहें ना करे के चाही.मृतक के श्रद्धांजलि देवे पहुंचल रहे।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.