[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में आ रहलऽ बा कमाल के फीचर, छोट बिजनेसमेन के होइ चांदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

WhatsApp: व्हाट्सऐप में एगो नया फीचर आवे वाला बा, जवन छोट व्यापारि खातिर काफी महत्वपूर्ण साबित हो सकतs बा । आइ रउवा के व्हाट्सऐप के इ नया फीचर के बारे में बतावत बानी ।

WhatsApp Business: व्हाट्सऐप दुनिया के सबसे लोकप्रिय मैसेंजिंग प्लेटफॉर्म हs । भारतो मे मैसेंजिंग प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल सबसे बेसी कइलऽ जाला । व्हाट्सऐप अपना प्रतिद्वंदियन हमेशा आगे रहे के कोशिश करेला, आ एह ला अपना ऐप में लगातार बदलाव आ नए फीचर्स के जोड़तs रहेला । एहसे व्हाट्सऐप यूज़ करे वालन अलगा-अलगा कैटेगरी के यूज़र्स एह ऐप के प्रति हमेशा आकर्षित रहेले।

 

व्हाट्सऐप के नया फीचर

अबकी बार व्हाट्सऐप एगो अइसन फीचर पेश कइले बा, जवन व्हाट्सऐप के जरिए छोटा बिजनेस करे वालन यूज़र्स खातिर काफी फायदेमंद साबित हो सकत बा। आइ हम रउवा के एह फीचर के बारे में बतावत बानी । व्हाट्सऐप के एह फीचर के नाम Business Cloud API हs। एह फीचर के फिलहाल विकसित कइलऽ जा रहलऽ बा । एह फीचर के पूरा तरह से विकसित कइला के बाद व्हाट्सऐप में आवे वाला फ्यूचर अपडेट के संगे रोलआउट कइलऽ जाई । एह बखत इ फीचर के व्हाट्सऐप एंड्रॉयड वर्ज़न के बीटा यूज़र्स खातिर पेश कइले बा ।

 

एह फीचर के रिलीज होखला के बाद व्हाट्सऐप पs छोटा बिजनेस करे वालन यूजर्स क्लाउट एपीआई के जरिए अपना कस्टमर्स के संगे कइलऽ बातचीत के बिल्कुल मुफ्त में सुरक्षित रख पाएम। रउवा के बता दी कि व्हाट्सऐप हाले में ऐलान कइले रहे कि यूजर्स के चैट डेटा गूगल ड्राइव में अधिकतम 15 जीबी तक मुफ्त में सेव कइलऽ जा सकेला ।

 

छोटे व्यापारियन के होइ इ फायदा।

गूगल ड्राइव के मुफ्त में मिले वाला 15जीबी स्पेस के खत्म होखला के बाद यूजर्स के अपना व्हाट्सऐप चैट सेव खातिर क्लाउड के सर्विसेज़ खरीदे पड़ी। हालांकि, व्हाट्सऐप में आवे वाला नया फीचर माने Cloud API से छोट व्यापारियन के आपन चैट्स के संभालकर रखे में मदद मिली । एकरे खातिर उन्करा कवनो तरह के फीस ना देवे होई आ एकरा से उनका बिजनेस में फइदा हो सकत बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]