Aligarh News: आटा ना, पत्‍थर के चूरन खा रहल बानी रउआ.. ब्रांड नांव जान के हिल जाई दिमाग, बाजार से वापस मंगावल जा रहल बा स्‍टॉक

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

अलीगढ़ : अलीगढ़ में एगो मामला सोझा आइल बा, जवन कि सभकर दिमाग के हिला दिही, काहेंकी इ हमनी के सभके स्वास्थ्य से जुड़ल बा। इहाँ खाद्य सुरक्षा आ औषधि प्रशासन (एफएसडीए) के टीम एगो

Share

अलीगढ़ : अलीगढ़ में एगो मामला सोझा आइल बा, जवन कि सभकर दिमाग के हिला दिही, काहेंकी इ हमनी के सभके स्वास्थ्य से जुड़ल बा। इहाँ खाद्य सुरक्षा आ औषधि प्रशासन (एफएसडीए) के टीम एगो आटा मिल पs छापामारी कइलस तऽ पता चलल कि ओ आटा में पत्थर के पाउडर मिलावल जाता। टीम इहाँ से 400 किलो से अधिका स्टोन पाउडर बरामद कइले बा। कथित तौर पs एकरा के आटा के पैकेट में मिलावल जात रहे।

एफएसडीए के सहायक आयुक्त अजय जायसवाल कहले कि, अलीगढ़ के औद्योगिक क्षेत्र में पंचवती अट्टा ब्रांड नाम से आटा बेचे वाली आटा मिल पs जिला के वरिष्ठ अधिकारी के सूचना मिलला के बाद छापामारी कइल गइल। हमनी के परिसर से 400 किलो से जादा अलबास्टर स्टोन पाउडर बरामद भईल।

अधिकारी बतवले कि बियफे के छापामारी भइल। उऽ बतवले कि मिल में आटा के थैली में पत्थर के पाउडर मिलावल जाता।

जयसवाल कहले कि, छापामारी के दौरान मिल के मजदूर आटा के थैली में पाउडर मिलावत पकड़ल गइले। हमनी के एह फैक्ट्री के मालिक के खिलाफ आगे के कार्रवाई सुनिश्चित करे में लागल बानी।”

उऽ कहले कि बाजार से आटा के ब्रांड के पूरा स्टॉक के वापस ले आवे के अभियान चलावल जाता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.