Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ट्विटर खातिर नयका नेतृत्व के तलाश में एलन मस्क, कर्मचारियन के फिर दिहलें चेतावनी, सुनवलें ई फरमान

483

दुनिया के सबसे अमीर शख्स एलन मस्क अब माइक्रो ब्लॉगिंग साइट ट्विटर खातिर नयका नेतृत्व के तलाश में लाग गइल बानें। मस्क के अइसे नेतृत्व के तलाश बा जौन एकर जिम्मेदारी सही ढंग से निभा सके। मस्क जल्दी से ट्विटर के व्यवस्था के पुनर्गठित कs टेस्ला के समय देहल चाहतने, काहेसेकि टेस्ला के निवेशक के मस्क के व्यस्तता चिंता में डाल रहल बा। मस्क अपने बयान में कहले बानें कि कंपनी अधिग्रहण के बाद हम एके जल्दी से जल्दी पुनर्गठित कइल चाहतनीं ताकि हम अपने अन्य सहयोगी कंपनियन के भी समय दे सकीं।

कर्मचारियन के फिर देहलें चेतावनी

बता देईं कि ट्विटर के कमान पूरा तरह अपने हाथ में अइले के बाद से ही एलन मस्क ट्विटर में बदलाव कइले में जुटल बाने। एह बीच एक बेर फिर ऊ अपने कर्मचारियन के चेतावनी देहले बानें। द वाशिंगटन पोस्ट के एगो रिपोर्ट के अनुसार, मस्क देर रात एक ईमेल भेजलें जेमें शेष ट्विटर कर्मचारियन के एगो विकल्प दिहनें। ऊ या त इस्तीफा दे सकतनें अउर तीन महीना के वेतन पा सकतने, चाहे ऊ कठिन मेहनत खातिर तैयार रहें। बता देईं कि मस्क ट्विटर के लगभग आधे कर्मचारियन के कंपनी से निकाल चुकल बानें। इहे नाइ, ऊ ट्विटर में अब वर्क फ्रॉम होम भी एकदम खतम कs दिहले बानें।

ट्विटर में एगो नया फीचर जोड़े के घोषणा कइलें

साथ ही मस्क ट्विटर में एगो नया फीचर जोड़ले के घोषणा कइलें। ई फीचर फर्म के उनके साथ जुड़ल सब ट्विटर अकाउंट के जानकारी देई। एगो ट्वीट में उ कहनें कि ट्विटर बहुत जल्दी माइक्रोब्लॉगिंग साइट के उपयोग करे वाले फर्म ख़ातिर एगो नयका सुविधा ले के पेश होई। मस्क बतवले कि ई फीचर जल्दिए ट्विटर के संगे जोड़ दिहल जाई।

382750cookie-checkट्विटर खातिर नयका नेतृत्व के तलाश में एलन मस्क, कर्मचारियन के फिर दिहलें चेतावनी, सुनवलें ई फरमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.