Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Akanksha Dubey: रोवलस… गिड़गिड़ाइल… आ बोलल समर सिंह- बेकसूर बानी हम, छोड़ दीं; कहलस-साहसी रहली आकांक्षा

भोजपुरी गायक समर सिंह पुलिस से कहलस कि हम डेरा गइल रहनी एहिसे एने-ओने लुकात फिरत रहनी। ऊ पुलिस से गुहार लगवलस आ कहलस कि आकांक्षा दुबे कवनो सुसाइड नोट ना  लिखले रहस। ना आत्महत्या से पहिले ओकरा पs कवनो आरोप लगवली, फेर भला ओकरा के कसूरवार काहे ठहरावल जा रहल बा? एहिसे ओकरा के छोड़ दिहल जाव। 

229

भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मौत के ममिला में नामजद गायक आ अभिनेता समर सिंह उर्फ समरजीत सिंह गिरफ्तारी के बाद हाथ जोड़के रोवे लागल। वाराणसी कमिश्नरेट के पुलिस के सोझा गिड़गिड़ाइल। बोलल कि हम बेकसूर बानी, छोड़ दीं। हमरा भविष्य चौपट हो जाई, बाकिर पुलिस सब मिन्नतन के अनसुना कइलस आ ओकरा के हवालात में डाल देलस।

ओहिजा, गिरफ्तारी के बाद गाजियाबाद के नंदग्राम थाना से लेके मेडिकल मुआयना आ फेर अदालत में पेश कइल गइला के दौरान समर सिंह माथा झुका के मुंह छिपावे के कोसिस करत चुप्पी सधले रहल। फिलिम के शूटिंग खातिर वाराणसी आईल अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के आत्महत्या के ममिला में समर सिंह आ ओकर दोस्त संजय सिंह नामजद बा।

समर 10 दिन से पुलिस से आंख मिचौली खेलत रहे, बाकिर बियफे के देर रात ऊ पुलिस के चंगुल में फंस गइल। ऊ गाजियाबाद में अपना जवन परिचित के फ्लैट में ठहरला खातिर पहुंचल रहे, उहां कमिश्नरेट के पुलिस के देखके सन्न रह गइल।

पुलिस गिरफ्तारी के बात कहलस तs ऊ रोवे लागल। ऊ पुलिस से गुहार लगवलस आ कहलस कि आकांक्षा दुबे ना कवनो सुसाइड नोट ना लिखले रहली। ना आत्महत्या से पहिले ओकरा पs कवनो आरोप लगवली, फेर भला ओकरा के कसूरवार काहे ठहरावल जा रहल बा? एहिसे ओकरा के छोड़ दिहल जाव।

आरोप आ मुकदमे से घबरा गइल, फेर ठिकाना बदके लागल

समर सिंह पुलिस के सुरुआती पूछताछ में बतवलस कि ऊ बीतल 25 आ 26 मार्च के गोरखपुर में शूटिंग करत रहे। गोरखपुर में रहतही ओकरा आकांक्षा के आत्महत्या के जानकारी मिलल। 26 मार्च के रात ऊ लखनऊ गइल रहे। 27 मार्च के आकांक्षा के मां मधु दुबे के आरोप आ खुद पs दर्ज मुकदमा के जानकारी ओकरा मिलल तs ऊ घबरा गइल।

एक बेर लागल कि ऊ आपन पक्ष पुलिस के सामने रखे, बाकिर मधु दुबे के आरोपन के वजह से ऊ हिम्मत ना जुटा सकल। एकरा बाद अपन वाहन लखनऊ में छोड़ के सड़क मार्ग से अपना दोस्त संजय सिंह के संगे गाजियाबाद चल गइल। गाजियाबाद के संगही दिल्ली, नोएडा आ देहरादून में अपना खास करीबियन के इहां ठिकाना बदल-बदल के रहल।

गिरफ्तारी पs स्टे लेवे के प्रयास में रहे समर

समर एह कोसिस में रहे कि इलाहाबाद हाईकोर्ट से ओकर गिरफ्तारी पs स्टे मिल जाई। एकरा खातिर ओकर अधिवक्ता लोग कागजी कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा। बियफे के ऊ देहरादून से गाजियाबाद आइल रहे आ सुक के ओकरा लवटे के रहे। हालांकि, एकरा पहिलही ऊ पकड़ा गइल।

साहसी रहे आकांक्षा

समर कहलें कि ऊ ई कबो ना सोचले रहे कि आकांक्षा आत्महत्या कs लिहें। ऊ एगो साहसी लईकी रहली आ ऊ अपना दम पs भोजपुरी इंडस्ट्री में आपन अलग मुकाम बनवले रहे। बाकिर अगर ओकरा पता होइत कि आकांक्षा के मन में आत्महत्या जइसन कवनो गलत विचार आइल तs ऊ गोरखपुर से वाराणसी आके उनका के समझाइत।

पता रहे पुलिस के छापा पड़ी, एहिसे मुंबई ना गइल 

पुलिस की पूछताछ में समर बतवलस कि ओकर ऑफिस लखनऊ आ मुंबई में बा। रुपिया के लेनदेन आ ओकरा प्रमोशन से संबंधित कामकाज दोस्त संजय सिंह देखेले। ओकरा पता रहे कि मुकदमा दर्ज कइला के बाद पुलिस ओकर तलाश में आजमगढ़ के मेंहनगर इस्थित घरे जाई, लखनऊ आ मुंबई इस्थित ओकरा ठिकानन पs छापा मारी। एहिसे जानबूझके मुंबई ना गइल आ लखनऊओ छोड़ देलस।

साभार: अमर उजाला

507040cookie-checkAkanksha Dubey: रोवलस… गिड़गिड़ाइल… आ बोलल समर सिंह- बेकसूर बानी हम, छोड़ दीं; कहलस-साहसी रहली आकांक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.