देवरिया के अजय मिश्रा यूपी के महाधिवक्ता नियुक्त

By Anurag Ranjan

Published on: May 11, 2022

उत्तर प्रदेश सरकार वरिष्ठ अधिवक्ता अजय कुमार मिश्रा के प्रदेश के महाधिवक्ता नियुक्त करे के फसीला लेले बिया। कैबिनेट मंगर के उनकरा के एह पद पs नियुक्त कइल जाये के प्रस्ताव के स्वीकृति प्रदान कs

Share

उत्तर प्रदेश सरकार वरिष्ठ अधिवक्ता अजय कुमार मिश्रा के प्रदेश के महाधिवक्ता नियुक्त करे के फसीला लेले बिया। कैबिनेट मंगर के उनकरा के एह पद पs नियुक्त कइल जाये के प्रस्ताव के स्वीकृति प्रदान कs देलस।

देवरिया के मईल झेत्र के नारियांव गांव के रहनिहार अजय मिश्रा 1981 में इलाहाबाद हाई कोर्ट से वकालत सुरू कइले। पीछिला 10 बरिसन से सुप्रीम कोर्ट में वकालत कs रहल बाड़े। ऊ बरिस 1995 में प्रदेश के सबसे कम उमिर के अपर महधिवक्ता रहस। हाईकोर्ट बरिस 2007 में वरिष्ठ अधिवक्ता के रूप में नामित कइलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.