Agnipath Yojna : बोधगया में अग्निपथ योजना खातिर भर्ती रैली 25 जून से, 11 जिलन के साढ़े चार हजार अभ्यर्थी होइहें शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2024

Agnipath Yojna बोधगया के बिहार स्पेशल आर्म्ड पुलिस ग्राउंड में अग्निपथ योजना खातिर भर्ती रैली 25 जून से पांच जुलाई ले चली। एकरा खातिर तैयारी जोर पऽ बा। एमें लखीसराय नवादा जहानाबाद रोहतास जमुई नालंदा

Share

Agnipath Yojna बोधगया के बिहार स्पेशल आर्म्ड पुलिस ग्राउंड में अग्निपथ योजना खातिर भर्ती रैली 25 जून से पांच जुलाई ले चली। एकरा खातिर तैयारी जोर पऽ बा। एमें लखीसराय नवादा जहानाबाद रोहतास जमुई नालंदा औरंगाबाद शेखपुरा कैमूर गया आउर अरवल के साढ़े चार हजार अभ्यर्थी भाग लीहें। भर्ती रैली के आयोजन के लेके सोमार के समाहरणालय में बइठक भइल।

Agnipath Yojna : अग्निपथ योजना खातिर भर्ती रैली 25 जून से पांच जुलाई तक चली। ई रैली बोधगया के बिहार स्पेशल आर्म्ड पुलिस ग्राउंड में होई। एमें 11 जिलन के अभ्यर्थी शामिल होइहें। एमें लखीसराय, नवादा, जहानाबाद, रोहतास, जमुई, नालंदा, औरंगाबाद, शेखपुरा, कैमूर गया आउर अरवल के साढ़े चार हजार अभ्यर्थी भाग लीहें।

भर्ती रैली के खातिर तइयार जोर पऽ बा

एकरा पहिले लिखित परीक्षा में लगभग 11 हजार युवा लो भाग लेले रहे। एमें से सफल अर्भ्यथियन के दउड़ आ मेडिकल जांच खातिर बोलवल गइल बा। भर्ती रैली के आयोजन के लेके सोमार के समाहरणालय में बइठक भइल।

डीएम डा. त्यागराजन एसएम कहले कि भर्ती रैली खातिर ग्राउंड के समतल करावल जाई। सेना बहाली के पदाधिकारी डीएम से वाटरप्रूफ पंडाल, ट्रैफिक कंट्रोल, पर्याप्त चिकित्सीय व्यवस्था इत्यादि के मांग कइले।

रैली में एह चीजन के रही इंतजाम

डीएम कहले कि फायर सेफ्टी के ध्यान में राखत पूरा व्यवस्था राखल जाव। जून में प्रचंड गर्मी के संभावना बा, एकरा के देखत हर अभ्यर्थी के लगे ओआरएस पैकेट उपलब्ध करावल जाव। पैरासिटामोल दवाई के साथे आइस पैक, ठंडा पानी के व्यवस्था रहे।

एह रैली के नोडल पदाधिकारी जिला सामान्य शाखा प्रभारी पदाधिकारी राहुल कुमार बनावल गइल बाड़े। बइठक में नगर पुलिस अधीक्षक प्रेरणा कुमार, जिला आपूर्ति पदाधिकारी जर्नादन प्रसाद अग्रवाल, पुलिस उपाधीक्षक यातायात निशु मलिक आदि उपस्थित रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.