NCP में चाचा-भतीजा के बाद अब ननद vs भाभी, लोकसभा चुनाव में बहन सुप्रिया सुले के खिलाफ पत्नी के उतारे के तइयारी में अजित पवार

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2024

Maharashtra politics महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार बारामती से सांसद आ आपन चचेरी बहन सुप्रिया सुले के खिलाफ चुनावी बिगुल फूंके खातिर तइयार बाड़न। अजित पवार आगामी लोकसभा चुनाव में सुप्रिया के खिलाफ आपन पत्नी

Share

Maharashtra politics महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार बारामती से सांसद आ आपन चचेरी बहन सुप्रिया सुले के खिलाफ चुनावी बिगुल फूंके खातिर तइयार बाड़न। अजित पवार आगामी लोकसभा चुनाव में सुप्रिया के खिलाफ आपन पत्नी सुनेत्रा के उतारे के संकेत देले बाड़न। बारामती लोकसभा क्षेत्र परंपरागत रूप से शरद पवार आ उनकर बेटी सुप्रिया सुले के गढ़ रहल बा।

बारामती से खुदे चुनाव लड़े के कहले बात

बारामती लोकसभा क्षेत्र परंपरागत रूप से शरद पवार आ उनकर बेटी सुप्रिया सुले के गढ़ रहल बा। बात इहो बा कि महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम अजित पवार उनका खिलाफ बिना नांव लिहले उम्मीदवार खड़ा करे के आपन इरादा के घोषणा कइले। अजित पवार इहो कहले कि जदि उनकर उम्मीदवार सुले के खिलाफ जीतऽता, तबे उऽ बारामती से विधानसभा चुनाव लड़िहें आ वोटर लो से निर्वाचन क्षेत्र के विकास खातिर वोट करने के निहोरा कइले। निहोरा करत कहले कि कुछ लोग रऊआ लगे आई आ भावनात्मक मुदाऽ पऽ वोट मांगी बाकिर ई रऊआ लो के तय करे के बा कि रऊआ भावनात्मक आधार पर वोट देब भा विकास कार्य जारी राखे खातिर, कल्याण खातिर वोट देब।

नया चेहरा उतरिहें अजित पवार

अजित पवार ने कहले कि उऽ अइसन उम्मीदवार के मैदान में उतरिहें जे पहिले कबो चुनाव ना लड़ल होखे, बाकिर उऽ आदमी के लगे पर्याप्त अनुभव वाला लोगन के समर्थन प्राप्त होईं। पवार ने सुक के दिने कहले, “महाराष्ट्र राज्य के गठन आ चुनाव सुरु भइला के बाद से आज तक बारामती में अइसन कबो नइखे भइल कि विपक्षी उम्मीदवार के जमानत जब्त ना भइल होखे आ हमरा एपर गर्व बा।”

सुले पर कइले हमला

सुले पर परोक्ष हमला करत उऽ कहले कि जवन लोग काम करऽता, उनका लोग के आरोप के सामना करे के पड़ेला। जवन लोग काम नइखे करत, उऽ साफ रहीं ई तय बा।

बता दी कि महाराष्ट्र विधानसभा अध्यक्ष राहुल नार्वेकर  बियफे के डिप्टी सीएम अजित पवार के नेतृत्व वाला गुट के असली एनसीपी घोषित करे के अपना फैसला के समर्थन करत कहले कि फैसला में कवनो रुख “असंवैधानिक” भा “मनमाना” नइखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.