सिलिकॉन बैंक के डूबला के बाद 6 गो अउरी अमेरिकी बैंकन पे खतरा बा, मूडीज एह बैंकन के रिव्यू में रखलस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2023

सिलिकॉन बैंक के डूबला के बाद 6 गो अउरी अमेरिकी बैंकन पे खतरा बा, मूडीज एह बैंकन के रिव्यू में रखलस मूडीज सोमार के दिने न्यूयॉर्क के सिग्नेचर बैंक के डेट रेटिंग के जंक टेरिटरी

Share

सिलिकॉन बैंक के डूबला के बाद 6 गो अउरी अमेरिकी बैंकन पे खतरा बा, मूडीज एह बैंकन के रिव्यू में रखलस

मूडीज सोमार के दिने न्यूयॉर्क के सिग्नेचर बैंक के डेट रेटिंग के जंक टेरिटरी में  डाल दिहलस|  बता दीं कि मूडीज एहसे पहिले सिग्नेचर बैंक के ‘सी’ रेटिंग देले रहे।

अमेरिका में वित्तीय संकट अउरी गहिराह होखत जात बा|  अमेरिकी सिलिकॉन बैंक के डूबला के बाद अब 6 गो अउरी बैंकन पे खतरा बढ़ गइल बा|  एकरा के देखत मूडीज इन्वेस्टर्स सर्विस 6 अवरू बैंक के समीक्षा के तहत रखले बिया।  मूडीज के ओर से समीक्षा के तहत राखल गईल बैंक में फर्स्ट रिपब्लिक बैंक, जिओन्स बैनकॉपोरेशन, वेस्टर्न एलिएंस बैनकॉर्प, कॉमेरिका इंक, यूएमबी फाइनेंशियल कॉर्प अउर इंट्रस्ट फाइनेंशियल कॉर्पोरेशन  बा।  एकरा संगे-संगे क्रेडिट रेटिंग कंपनी बैंक जमा करेवाला लोग के बिना बीमा जमा पे निर्भरता अउरी एसेट पोर्टफोलियो में नुकसान के खतरा के चेतावनी देले बिया।

सिग्नेचर बैंक के रेटिंग घटा दिहलस

मूडीज सोमार के दिने न्यूयॉर्क के सिग्नेचर बैंक के डेट रेटिंग केजंक टेरिटरी में  डाल दिहलस।  बता दीं कि मूडीज एहसे पहिले सिग्नेचर बैंक के ‘सी’ रेटिंग देले रहे।  एकरा अलावे मूडीज सिग्नेचर बैंक के भविष्य के रेटिंग वापस ले लेले बिया।  मूडीज के ई रेटिंग अमेरिका के बैंकिंग क्षेत्र खातिर एगो बड़हन झटका मानल जाता|  बता दीं कि सिग्नेचर बैंक के अमेरिकी नियामक अतवार का दिने बंद कर दिहलस|

बैंकिंग शेयर  में बड़हन गिरावट आइल

बता दीं कि अमेरिका के बैंकन के शेयर में बहुते गिरावट दर्ज हो रहल बा|  सैन फ्रांसिस्को के फर्स्ट रिपब्लिक बैंक के शेयर सोमार का दिने रिकार्ड 62% गिर गइल जबकि फीनिक्स के वेस्टर्न एलायंस के शेयर में अभूतपूर्व 47% के गिरावट आइल|  डलास स्थित कोमेरिका 28% फिसल गिरावट आइल|  चलते वित्तीय संकट बढ़े के संभावना बा।

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.