Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा रूट से चले वाली ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव : मैहर स्टेशन पs पांच मिनट रुकी ट्रेन, आज से 29 अप्रैल तक यात्रियन के मिली सुविधा

227

रेलवे यात्रियन के यात्रा के सुविधाजनक बनावे खातिर लगातार प्रयास कs रहल बा। एही क्रम में छपरा रूट से चले वाली ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव मैहर स्टेशन पs दिहल गइल बा।

चैत्र नवरात के मेला के अवसर पs रेलवे श्रद्धालु यात्रियन के होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत नौ से 23 अप्रिल तक गाड़ियन के अतिरिक्त पांच मिनट के अस्थायी ठहराव मैहर स्टेशन पs प्रदान कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। एकरा से छपरा रूट से श्रद्धालु भक्त यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

  • बनारस से 10 से 17 अप्रिल, 2024 तक चले वाली 22132 बनारस-पुणे साप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 11:40 बजे पहुंच के 11:45 बजे छूटी।
  • छपरा से 11 से 18 अप्रिल, 2024 तक चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस त्रैसाप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 20:45 बजे पहुंच के 20:50 बजे छूटी।
  • छपरा से 09 से 23 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 19046 छपरा-सूरत एक्सप्रेस (सप्ताह में पांच दिन चले वाली) मैहर स्टेशन पs 22:50 बजे पहुंचके 22:55 बजे छूटी।
  • छपरा से 08 से 22 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 12670 छपरा-चेन्नई द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 07:40 बजे पहुंच के 07:45 बजे छूटी।
  • मुजफ्फरपुर से 08 से 22 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 19052 मुजफ्फरपुर-वलसाड साप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 12:00 बजे पहुंचके 12:05 बजे छूटी।
  • नौतनवा से 12 से 21 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 18202 नौतनवा-दुर्ग द्विसाप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 02:00 बजे पहुंच के 02:05 बजे छूटी।
  • गोरखपुर से 13 से 20 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 11038 गोरखपुर-पुणे साप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 04:25 बजे पहुंच के 04:30 बजे छूटी।
  • गोरखपुर से 09 से 23 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 11056 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस (सप्ताह में चार दिन चले वाली) मैहर स्टेशन पs 20:45 बजे पहुंचके 20:50 बजे छूटी।
  • रांची से 10 से 17 अप्रैल, 2024 तक चले वाली 18609 रांची-लोकमान्य तिलक टर्मिनस साप्ताहिक एक्सप्रेस मैहर स्टेशन पs 13:55 बजे पहुंचके 14:00 बजे छूटी।
785380cookie-checkछपरा रूट से चले वाली ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव : मैहर स्टेशन पs पांच मिनट रुकी ट्रेन, आज से 29 अप्रैल तक यात्रियन के मिली सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.