अनुपस्थित छात्र 10वीं ,12वीं बोर्ड एग्जाम ना दे सकी लो : शिक्षा विभाग मंगलस स्कूलन से लईकन के लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 9, 2024

शिक्षा के प्रति लापरवाह विद्यार्थियन खातिर शिक्षा विभाग अब सख्त डेग उठावे के तइयारी में बा। विभाग कावर  से 10वीं आ 12वीं में अनुपस्थित रहे वाला छात्रन के सूची तइयार कs के मांगल जा रहल

Share

शिक्षा के प्रति लापरवाह विद्यार्थियन खातिर शिक्षा विभाग अब सख्त डेग उठावे के तइयारी में बा। विभाग कावर  से 10वीं आ 12वीं में अनुपस्थित रहे वाला छात्रन के सूची तइयार कs के मांगल जा रहल बा। जेसे सूचीबद्ध छात्रन के परीक्षा में सामिल ना होखे दिहल जाव।

डीईओ ऑफिस खातिर सारण जिला में नाम काटल गइल छात्रन के सूची मांगल गइल बा। 10वीं आ 12 वीं क्लास में अनुपस्थित रहे वाला छात्रन के परीक्षा में सामिल ना होखे खातिर डाटा तइयार कइल जा रहल बा। एह तरे सारण के समस्त उच्च विद्यालय आ इंटर कॉलेज के प्रधानाध्यापक से विधार्थियन के लिस्ट मांगल जा रहल जा रहल बा। जवन फॉर्म भरे के वक्त मिलान कइल जाई।

शिक्षा में गुणवत्ता खातिर लगातार कार्रवाई कइल जा रहल बा। एही के तहत फर्जी छात्रन पs नकेल कसे खातिर कार्रवाई कइल जा रहल बा। जिला शिक्षा पदाधिकारी कमल किशोर बतवलें के निदेशक माध्यमिक शिक्षा कावर से प्राप्त पत्र के आलोक में सब प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी आ उच्च विद्यालय, इंटर कॉलेज के प्राचार्यन के सूची उपलब्ध करावे खातिर पत्र लिखल गइल बा।

सूची प्राप्त होखला के बाद शिक्षा विभाग के उपलब्ध करा दिहल जाई। शिक्षा के सुधार में ई अच्छा पहल बा। अब लगातार कार्रवाई कइल जाई। एह तरे के कार्रवाई के शिक्षा में गुणवत्ता आ रिजल्ट में सुधार होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.