इंडोनेशिया में भूकंप से कांप गईल धरती, घरन से निकल के भागे लगले लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2025

इंडोनेशिया के सेरम द्वीप पs सोमार 21 अप्रैल के 5.5 तीव्रता के भूकंप आइल जवना से लोग घबराहट में पड़ गइल. भूकंप के बारे में ई जानकारी जर्मन रिसर्च सेंटर फॉर जियोसाइंसेज (GFZ) द्वारा दिहल

Share

भूकंप

इंडोनेशिया के सेरम द्वीप पs सोमार 21 अप्रैल के 5.5 तीव्रता के भूकंप आइल जवना से लोग घबराहट में पड़ गइल. भूकंप के बारे में ई जानकारी जर्मन रिसर्च सेंटर फॉर जियोसाइंसेज (GFZ) द्वारा दिहल गइल बा आ एकरे अनुसार भूकंप के केन्द्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे के गहिराई पs रहल, जेकरा चलते भूकंप के जोरदार झटका महसूस कइल गइल। हालांकि फिलहाल एs भूकंप के चलते केहु के घाही होखे चाहे कवनो प्रकार के नुकसान के कवनो खबर नईखे। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक, सुलावेसी के इंसेरम द्वीप पs कोटामोबागु के दक्षिण-पूर्व में रात 11:50 बजे (आईएसटी) आईल भूकंप आईल। 

आईं बता दीं कि 19 अप्रैल शनिचर के दुपहरिया में दिल्ली समेत उत्तर भारत के कई इलाका में भूकंप के हल्का भूकंप महसूस भईल। पृथ्वी विज्ञान मंत्रालय के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र (एनसीएस) के मुताबिक भूकंप रात 12:18 बजे आईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.